अबके एगो वीडियो देखनी ह ..जवना में भारतीय सैनिक के ..मजाक बनावल जाता...अब रहाइल ह ना...सैनिक खाली नियम कानून में बन्हाइल बाटे..ना त जवन बन्दूक हाथ में मिलल बाटे..सही निशाना लगावे में देर ना लागी...जवन अति होता नु..ओकर इलाज त 2 मिनट में हो जाइ..
जेकरा ढेर पकिस्तान से प्रेम बाटे ...ओकरा खाती रास्ता अभियो क्लीयर बाटे..चल जाये इंहा से....ढ़ेर ड्रामा ठीक ना ह...
चोट पऽ हरदी ना लगावऽ त, निशान हो जाला
एगो छोट चुटी से भी , हाथी परेशान हो जाला
दोस्ती होखे या दुश्मनी,होखे त अच्छा से होखे
आधा दोस्ती आधा दुश्मनी, नुकसान हो जाला
जवन देश मे अइसे , सेना प सियासत होखे हो
फेर उ देश, देश ना,बनिया के दोकान हो जाला
लइकाई में एगो बात सुनले रही ,बुला साचे हऽ
जवन बच्चा के जादा दुलारबऽ,शैतान हो जाला
एल ओ सी ,बाघा बोर्डर, सब पहिले के सीमा ह
अब बिपक्षी जहां , उहें से पाकिस्तान हो जाला
जे एतना दरियादिली बा, पाकिस्तानियन खाती
त फेर चुप्पी काहे?,जब शहीद जवान हो जाला
जदि आतंकी के कवनो , मजहब धर्म ना होला
त ओकर लाश कइसे ,हिन्दू मुस्लमान हो जाला
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
#ललका_गुलाब
#रिलीज_होता
#28_अप्रिल_2017_के
#यूट्यूब_आखर_प (सब्सक्राइब करी)
No comments:
Post a Comment