#चढ़ते_चईतवा_परदेशवा_गइले_राजा_जी
_____ _____ _____ _____ ____ _____
बढ़िया से फगुओ ना बितइले राजा जी
चढ़ते चईतवा परदेशवा गइले राजा जी ।
अभी त खुमारी रहे , मन भरलो ना रहे ठीक से
लाल पियर हरिअर रंग, उतरलो ना रहे ठीक से
झुठो खानी 10 दिन ला अइले राजा जी
चढ़ते चईतवा परदेशवा गइले राजा जी ।
हंसी मजाक होइत , कुछ सुनते आ कुछ कहते
सरकारी नोकरी ना रहित त आराम से घरे रहते
ना बुझाइल कब अइले कब गइले राजा जी
चढ़ते चईतवा परदेशवा गइले राजा जी ।
'मैकश' असो के चईत , दिल हमार टुटिये गइल
सतुआ सनाईल ना ,टीकोरा आम सुखिए गइल
दु कवर ठीक से भी ना ,खइले राजा जी
चढ़ते चईतवा परदेशवा गइले राजा जी ।
बढ़िया से फगुओ ना बितइले राजा जी
चढ़ते चईतवा परदेशवा गइले राजा जी ।
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment