#ई_जूलिया_के_चक्कर_में_धरा_गइनी_माई_रे
*************************************
मार मरले बा पुलिस पकड़ा गइनी माई रे
ई जूलिया के चक्कर में धरा गइनी माई रे
एंटी रोमियो दल धके नक्शा बदल देलस
खुबे छछनाता रे खइनी नियन मल देलस
लट पट बोले में हम हरबड़ा गइनी माई रे
ई जूलिया के चक्कर में धरा गइनी माई रे
केहु बान्हत नइखे ओढ़नी गमछा मुड़ी प
लइका लईकी घूम तारे 6 फुट के दूरी प
गर्मी में लेमु के जइसन गरा गइनी माई रे
ई जूलिया के चक्कर में धरा गइनी माई रे
आपन इज्जत बाटे मैकश अपने हाथ में
कान धरतानी जे UP में घुमब ना साथ में
रजाई के खोल नियन झड़ा गइनी माई रे
ई जूलिया के चक्कर में धरा गइनी माई रे
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment