#अदिमि_त_ढ़ेर_देखनी_तहरा_नियन_हुसियार_ना_देखनी
__________________________________________
धूर्त ,चलाख ,मतलबी ,खाली काम के यार ना देखनी
अदिमि त ढ़ेर देखनी,तहरा नियन हुसियार ना देखनी
हरेक जगे अपने फायदा खोजब त काम कइसे चली
जहां खइब ओहिजे हाथ पोछब त काम कइसे चली
हर जगह देहचोरइ मरदे अइसन दतचियार ना देखनी
अदिमि त ढ़ेर देखनी,तहरा नियन हुसियार ना देखनी
खाली टीकावत रहेल मंगनी के ,भंडारा में खालऽ नु
जहां आपन खाये के होइ त , अन्हारा में खालऽ नु
चलती के चेला , मौकापरस्त , रंगा सियार ना देखनी
अदिमि त ढ़ेर देखनी,तहरा नियन हुसियार ना देखनी
आंखी में धुरा झोकल , बात बनावे -चढ़ावे के लुर बा
तहार चलाखी के खिसा ऐ बाबू ,दूर दूर ले मसहूर बा
मइल,रोगीआह,कपार बथी,मलेक्ष बोखार ना देखनी
अदिमि त ढ़ेर देखनी,तहरा नियन हुसियार ना देखनी
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment