#हिन्दुस्तान_त_जरत_रोजे_बा
**************************
खाली दिन तारीक ,बदलत रोजे बा
अदिमी त इहां जियत,मरत रोजे बा
कतही घर में जराये के ,दीया नइखे
कहीं दिनभर मरकरी ,बरत रोजे बा
आव मर्दे ,चल अब तुहु लोन ले लऽ
सरकार त लोन माफ़,करत रोजे बा
छुछे जाएके बा,अदिमी के एकदिन
फेर भी जोगा के धन,धरत रोजे बा
ना केहु मुंह खोलता,ना केहु बोलता
लोग एके समाचार , पढ़त रोजे बा
कबो कैराना त कबो,बंगाल 'मैकश'
एहिजा हिन्दुस्तान त, जरत रोजे बा
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment