Monday, 10 July 2017

तावा_पर_हाथ_के_जराये_के_पड़ेला

#तावा_पर_हाथ_के_जराये_के_पड़ेला
*******************************

ना चाह के भी भाई चाहे के पड़ेला
घर  छोड़ के  बाहर जाये के पड़ेला

घर में रहे के  केकर ना  इच्छा हवे
अब कसहु मन के मनाये के पड़ेला

घर में बइठला से काम थोड़े चली?
घर चलाये खाती कमाये के पड़ेला

पेट , परिवार  आ दुगो रोटी खाती
तावा पर हाथ के जराये के पड़ेला

माई बाबू कहाँ - कहाँ  पाछे जइहे
जिमा बढ़ी त आगे आये के पड़ेला

जले घरे रही ,चिंता ना रहे इचिको
अब त सभ  खुदे बनाये के पड़ेला

हर घड़ी पुआ -पूरी कहाँ से मिली ?
कबो कबो सुखलो खाये के पड़ेला

ई हमार शौख ना मजबूरी ह मैकश
आँखी प चमसा लगाये के पड़ेला

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

#ललका_गुलाब
#रिलीज_होता
#28_अप्रिल_2017_के
#यूट्यूब_आखर_प
www.youtube.com/c/aakharbhojpuri

No comments:

Post a Comment