#जे_चल_गइल_से_चल_गइल
*************************
दाग लाग गइल त लाग गइल
अब ओकरा के धोवल थोड़े जाइल जाइ ?
जे चल गइल से चल गइल
अब ओकरा ला रोवल थोड़े जाइल जाइ ?
किस्मत के फैसला माने के चाही
बात बुझे के , बात जाने के चाही
जवन भइल अच्छा खाती भइल
दिनभर का इहे सोचल थोड़े जाइल जाइ ?
जे चल गइल से चल गइल
अब ओकरा ला रोवल थोड़े जाइल जाइ ?
खून में ईमानदारी जब लिप्त होइ
देह में लागी , आत्मा तिरीप्त होइ
दु पइसा जादा कमाये खाती
का केहुके रोवा नोचल थोड़े जाइल जाइ ?
जे चल गइल से चल गइल
अब ओकरा ला रोवल थोड़े जाइल जाइ ?
जेकरा आये के बा उ आये
आ जेकरा जाये के बा उ जाये
केहु के टरच बार के "मैकश"
अब एतना जोहल थोड़े जाइल जाइ ?
जे चल गइल से चल गइल
अब ओकरा ला रोवल थोड़े जाइल जाइ ?
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
#ललका_गुलाब
#रिलीज_होता
#28_अप्रिल_2017_के
#यूट्यूब_आखर_प
www.youtube.com/c/aakharbhojpuri
No comments:
Post a Comment