#घर_जाये_के_दिन_आ_गइल
_____________________________________
पर पकवान घर के , खाना खाये के दिन आ गइल
उठावऽ झोरा बोरा कि, घर जाये के दिन आ गइल
दु गो पाएंट आ दु गो टिसट ,सरिया लऽ तु
रुपिया पइसा ट्रेन के टिकट, सरिया लऽ तु
जूता मोजा बांन्हऽ कि, अगराये के दिन आ गइल
उठावऽ झोरा बोरा कि, घर जाये के दिन आ गइल
धिर आज धरात ना ,समे के कंजूसी बा
घरे जइला के नु, अजबे मन में खुशी बा
बाबू माई के आत्मा दिल जुड़ाये के दिन आ गइल
उठावऽ झोरा बोरा कि, घर जाये के दिन आ गइल
मुखरा अंतरा कुछऊ अब ,बुझात नइखे
लिखी का, खुशी में कुछ लिखात नइखे
ढ़ेर भइल काम ,आराम फरमाये के दिन आ गइल
उठावऽ झोरा बोरा कि, घर जाये के दिन आ गइल
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment