करेजा से निकलल आह..बाउर ना जाला।
रोवां पड़ी तोहरा लोगन के।
लोर भरल श्रद्धांजलि...
#हर_हर_महादेव...
#चोट_पऽ_हरदी_ना_लगावऽ_त_निशान_हो_जाला
****************************************
चोट पऽ हरदी ना लगावऽ त, निशान हो जाला
एगो छोट चुटी से भी , हाथी परेशान हो जाला
दोस्ती होखे भा दुश्मनी,होखे त अच्छा से होखे
आधा दोस्ती आधा दुश्मनी, नुकसान हो जाला
जवन देश मे अइसे , सेना प सियासत होखे हो
फेर उ देश, देश ना,बनिया के दोकान हो जाला
लइकाई में एगो बात सुनले रही ,बुला साचे हऽ
जवन बच्चा के जादा दुलारबऽ,शैतान हो जाला
एल ओ सी ,बाघा बोर्डर, सब पहिले के सीमा ह
अब बिपक्षी जहां , उहें से पाकिस्तान हो जाला
जे एतना दरियादिली बा, पाकिस्तानियन खाती
त फेर चुप्पी काहे?,जब शहीद जवान हो जाला
जदि आतंकी के कवनो , मजहब धर्म ना होला
त ओकर लाश कइसे ,हिन्दू मुस्लमान हो जाला
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment