#अरे_अइसे_मत_रोवऽ_ना_त_रो_रो_के_गाल_लाल_हो_जाइ
_________________________________________
जादा वियोग में रहबु तऽ , बिरहिन के हाल हो जाई
अरे अइसे मत रोवऽ,ना त रो रो के गाल लाल हो जाई
बहरी निकल घूम ,पाऊडर किरीम लगाके सजल करऽ
हम इहे चाहिले करेजा कि ,पहिले जइसन हसल करऽ
मन मार के रहल अपने आप में एगो सवाल हो जाई
अरे अइसे मत रोवऽ ,ना त रो रो के गाल लाल हो जाई
कुछ खात पियत नइखु आउर ,सुख के देह गला लेले बारु
तनि जाके देख शीशा में , कि कइसन मुंह बना लेले बारु
नया कनिया नइखु अब ,अईला तहरा साल हो जाई
अरे अइसे मत रोवऽ, ना त रो रो के गाल लाल हो जाई
छोड़ के जाये के मन ना ह,बाकी जा तानी तहरे खाती नु
घर दुआर छोड़ के आज ,बहरा कमा तानी तहरे खाती नु
हम नोकरी छोड़ के आयेम त, घर में बवाल हो जाई
अरे अइसे मत रोवऽ, ना त रो रो के गाल लाल हो जाई
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment