Monday, 10 July 2017

केहु_बाटे_हो_प्रिया_जे_आजो_तोहार_इन्तजार_करेला

#केहु_बाटे_हो_प्रिया_जे_आजो_तोहार_इन्तजार_करेला
_________________________________________

दिल में केतना चाहत बाटे,केतना आदर सत्कार करेला
केहु  बाटे  हो  प्रिया  ,जे आजो तोहार इन्तजार करेला

दिन महीना कई साल गुजरलस  ,   सोचऽ केतना मानेला
तहरेला जियलस तहरेला मरलस  , सोचऽ केतना मानेला
तोहार फोटो के मूर्ति नियन ,सजा के सर सिंगार करेला
केहु  बाटे  हो  प्रिया , जे आजो तोहार इन्तजार करेला

दूर ना होखे देलस आजो ,तहार नाम गोदवा के रखले बा
तु आ जइबु त लड्डू बंटवाई ,मये गांव में भाड़ा भखले बा
अब तु सोच ना सकेलु कि, केतना तोहसे प्यार करेला
केहु  बाटे  हो  प्रिया , जे आजो तोहार इन्तजार करेला

तु अइबु लवट के एकदिन , मन में ओकरा बिस्वास बाटे
सुननी हा कि  तहार नाम प , आठ  दिन से उपवास बाटे
कबो दिया बारेला ,कबो अपने फूंक के अन्हार करेला
केहु  बाटे  हो  प्रिया ,जे आजो तोहार इन्तजार करेला

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

नोट : "प्रिया" एगो काल्पनिक नाम हवे ,एहसे केहुओ के केहु से कुछ सम्बन्ध नइखे...अगर रावा अइसन लागता त मात्र एक संयोग कहल जाइ...

No comments:

Post a Comment