#आग_फेर_दिल_में_लागल_बाटे
***************************
पड़ल नाही निन आँख राती भर जागल बाटे
आग फेर दिल में लागल बाटे
आग फेर दिल में लागल बाटे ।
समे बड़ा बलवान होले भाई
वर्तमान भबिस इतिहास का करी ?
जब आपन आपने ना रहल
त हई दोसरा प बिस्वास का करी ?
जेकरा के हम बचावत चलनी
देह ओकरे हाथे दागल बाटे
आग फेर दिल में लागल बाटे
आग फेर दिल में लागल बाटे ।
जेकर नाम प हम फुलाइल रहनी
हवा निकाल के पुचका दिहलस
कान्हा पे हाथ फेरनी जेहके,आज
धके गरदन उहे मुचका दिहलस
दोस्त कहला प धिकार बा मैकश
मन सोच सोच के पागल बाटे
आग फेर दिल में लागल बाटे
आग फेर दिल में लागल बाटे ।
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment