*******************************
लाख रुपिया पइसा चाहे केतनो धन होखे
मिलऽ ओकरे से जेकरा मिले के मन होखे
खाली मुंह से केहु बोला देबे त ना जाये के
बेकार लागेला जब जा त,केवारी बन होखे
ई रोज - रोज के निमक माँगल ठीक ना ह
अब घरे आपन चूल्हा,आपन बरतन होखे
शांति से नुन तेल खा ल उ अच्छा ह भईया
पेट भर जाये , भले तनि चटक कम होखे
मज़ाके मज़ाक मे एहिजा गोली चल जाला
ऊ आदमी से त दुरे रह,जेकरा अहम होखे
पीछे त भच -भच सभे करेला आपना घरे
केहु बा जेकरा सोझा कहे मे तनी दम होखे
तु इतिहास उठाके देख ल ,जीतल बा उहे
जेकरा कुछ करे के जुनून पागलपन होखे
चाहे घूम ल देश बिदेश चाहे कतही मैकश
मन त तबे लागे,जब पेट मे कुछ अन्न होखे
#मिथिलेश_मैकश
#लिखी_भोजपुरी_पढ़ी_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
#ललका_गुलाब
#रिलीज_होता
#28_अप्रिल_2017_के
#यूट्यूब_आखर_प (सब्सक्राइब करी)
www.youtube.com/c/aakharbhojpuri
No comments:
Post a Comment