Monday, 10 July 2017

का_हो_रोमियो_का_हाल_चाल_बा_

#का_हो_रोमियो_का_हाल_चाल_बा_?"
"ठीक बा हो बहिन" आपन कहऽ

पहिले जइसन आजकल छउकत नइखऽ
कबे से खोजऽतानी कहीं लउकत नइखऽ
का हो रोमियो "सब ठीक बा नु ?"
"ह बहिन सब ठीके बा" आपन कहऽ

ई मस्त बहत पुरवाई में ,हमके बहे के बा
हेने आव ना भीरी ..एगो बात कहे के बा
का हो रोमियो "साँचो, डेरा तारऽ का  ?"
"ह बहिन बड़ी डर लागता " आपन कहऽ

काल सुननी कि पुलिस तोहके धइले रहे
उठक बैठक कान ध के मुर्गा बनइले रहे
का हो रोमियो "आउर सब बताव ?"
"बाकी सब ठीक बा बहिन" आपन कहऽ

तहरा समय होखे तऽ  बहरी चलल जाईत
हम सोचनी ह कि साथे कहीं घुमल जाईत
का हो रोमियो "का विचार बा हो ?"
" विचार त ठीके बा, बाकी आज रहे द  "

तनि मारऽ ना सिटी ,गाना एगो सुनावऽ ना
हाथवा में लेके ,ललका गुलाब देखावऽ ना
का हो रोमियो "एंटी रोमियो दल ठीक बा?
"ठिके बा हो बहिन" आपन कहऽ

साँचे हमरा के याद रखब  कि भुला जइबऽ
उचाक पे रखब कि सीधे नीचे ढुला जइबऽ
का हो रोमियो " इहे दोस्ती इहे प्यार ?"
"गोर लाग तानी ए बहिन " अब जाये द

कोक,मेंगो फ्रूटी कि पियबऽ आज लिम्का
कहाँ जा तारऽ आव ना आइसकिरीम खा
का हो रोमियो " कुछ खइबऽ पियबऽ ना ?"
"पेट भरल बा ए बहिन " आज रहे द

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment