Monday, 10 July 2017

बाबूजी

#बाबूजी_के_चरण_स्पर्श...
#सादर_प्रणाम
*******************************

बात बात प भलही , रूस खिसिया जालन
बाबूजी
बाकी दुख मे जब रहिले त,याद आ जालन
बाबूजी

केहु देहाती केहु कहेला,पढ़े मे जीरो हवन
बाबूजी
जे भी बारन हमरा खाती,एगो हीरो हवन
बाबूजी

दुख मे तनी घबरा जालन,अकुता जालन
बाबूजी
जे लाइन कटे त बेना हाकके,सुता जालन
बाबूजी

दुनिया के सबसे भारी,एगो काम कइलन
बाबूजी
हमनी के सेयान करे मे,अपने बूढ़ा गइलन
बाबूजी

हर लइका के जस हमरो,स्वाभिमान रहेला
बाबूजी
हम जहाँ भी रहिला,संघे ताहर नाम रहेला
बाबूजी

हमनी के खाती , तहरा केतना रहेला होश
बाबूजी
हम ओतना ना कर पाई,ई रहेला अफसोस 
बाबूजी

हम केतना खुश बानी,करी कइसे बखान
बाबूजी
जीयते सभकुछ क देल,तु त हव भगवान
बाबूजी

      #मिथिलेश_मैकश

#लिखी_भोजपुरी_पढ़ी_भोजपुरी
               #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment