Monday, 10 July 2017

सीधा_रहब_कटे_में_देर_ना_लागी

#सीधा_रहब_कटे_में_देर_ना_लागी
_________________________

आपुस के ममिला ह , पटे में देर ना लागी
कटहर के लासा ह  ,  सटे में देर ना लागी

पईसा उमिर जवानी पे , गुमान ना कइनी
जले बा तले बा राजा ,घटे में देर ना लागी

जवन हिसाब से , देस में  राजनीत  होता
तू देख लिहs ,देस के बटें में देर ना लागी

नेता आ  गाड़ी के , भरोस में  ना रहिहs
तनी दुरे पाछे रहs ,पलटे में देर ना लागी

केहू हिन्दू  त केहू , मुसलमान भोट मांगे
अब  संसद में , बम  फटे में देर ना लागी

आगे अपना  दम पs , आज ठारा बानी
पता बा,लोग के पाछे हटे में देर ना लागी

टेढ़ा रहबs , हमेशा बचल रहबs 'मैकश'
जे ढ़ेर सीधा रहबs , कटे में देर ना लागी

#मिथिलेश_मैकश
 

#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ी_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment