Monday, 10 July 2017

लोग इंहा एतना हुशियार बा हम का कही

केहु छुरी त केहु तलवार बा हम का कही
लोग इंहा एतना हुशियार बा हम का कही

केहुके केहु कुछ कह देबे, केहुके बुता बा?
सभकेहु त मंत्री के सार बा  हम का कही

ई भारत देश ह , इंहा सभकेहु के छूटा बा
केहु  काहे  लंगटे उघार  बा  हम का कही

हम कहे के नईखी चाहत , मत कहवावऽ
लोग एतना कुता सियार बा हम का कही

सेना भा जवान पऽ,एतना राजनीत होता
कि सारा  देश  शर्मशार बा  हम का कही

चोरी चमारी मर्डर ,कवना राज्य में नईखे
बस झूठे बदनाम बिहार बा हम का कही

बहरी  के लोग के , हम दोष काहे दिही ?
अपने लोग  दतचियार बा  हम का कही

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment