Wednesday, 4 April 2018

एगो चिट्ठी भरत शर्मा जी के नामे

एगो चिट्ठी भरत शर्मा जी के नामे

आदरणीय, 
श्री भरत शर्मा जी,
सादर प्रणाम
      बड़ी खुशी के साथे ई हम लिखल चाहत बानी कि जदि आज वर्तमान में भोजपुरी के आदर्श के रूप में केहू बा, त ओही में से एगो रउवो बानी जेकरा के एगो केंद्र बिंदु मान के भोजपुरी के परिधि खिंचल जा सकत बा। जिनगी के एगो हिस्सा राउर गीत संगीत सुन के सेयान भइल बा त जिनगी के एगो हिस्सा राउर नैतिक मूल्य के कहानी सुन के सेयान भइल बा। भोजपुरी के रतन, संगीत सम्राट, पद्मश्री से जादा सम्मान के काबिल आदिमी के हम जेतने उपमा लिखब ओतने कम पड़ी।
     आज जब कवनो वीडियो में राउर इन्टरभीउ आ राउर अश्लीलता के विरोध कइल बात देखिला सुनीला त बड़ी हिम्मत आ मजगुति मिलेला। लागेला कि अबहु धरती पर भगवान बारें। साँच कहीं त राउर स्थान हमरा दिल में भगवानो से बढ़के बा जवना के आजो हम पूजिला। एगो राउर संगीत प्रेमी आ राउर फैन होखे के नाते हमरा मन में कबे से एगो बात कुलबुलावता कि आखिर का अइसन जरूरत बा कि रउवा ओहिजा आ ओइसन लोगन के साथे मंच साझा करे जात बानी जहां ओहि में के कुछ लोग भोजपुरी के ताड़ ताड़ करके रख देले बा कि हम कह नइखी सकत। रउवा त जहाँ जाएम तहे से भोजपुरी इस्टार्ट हो जाला। रउवा ना पहुंचनी भोजपुरी पहुँचल!!
रउवा आज भोजपुरी के एगो टैग बानी जेकरा के आदिमी सरधा से दिल से बाँध के राखेला। राउर नाम जपेला।
बाकी जहां हमनी के अश्लीलता के विरोध करी जा ओहिजे जदि रउवो रहब त हमनी के का करब स😢😢। हमनी के त दिले नु टूट जाइ चाचा😢😢हमनी के ओहिजा कवना मजबूती से खड़ा रहब जा? जब आधारे कमजोर होखे लागी। चाचा हमनी के त एगो छोट लईका बानी जा जे रउवा लोगन के अंगूरी ध ध के चले के सीखले बानी जा। हमनी के रउवा के का बताइब जा। हमनी के त इहे सरधा बा कि रउवा  ओइसन जगही मत जाइ जहां भोजपुरी भाषा संस्कार ना होके एगो व्यवसायिक कार्यक्रम के हिस्सा होखे, जहां पैसा आ राजनीत के चाक प भोजपुरी के अश्मिता नाचावल जाव।
     अंतिम में दसों नोह जोड़ के इहे बिनती करब जा कि अइसन बिकट समय में हमनी के मार्गदर्शक बनी के हमनी के मार्गदर्शन करीं। हमनी के मजबूती बनी, आधार बनी जवना के नींव प आवे वाला पीढ़ी दर पीढ़ी खाती एगो सुघर आ सभ्य भोजपुरी गीत-संगीत के मिसाल तईयार कइल जाव। जदि कवनो कमी बेसी होखे त एगो अबोध बालक समझी के हमरा के माफ क देहब जा। प्रणाम।
                               राउर शुभचिंतक
                               मिथिलेश मैकश
                               छपरा

No comments:

Post a Comment