शहर के जिनगी , जियल बड़ी पेचीदा बा
गाँव आके देखs , लोग केतना सीधा बा
गाँव मे नाम पूछ,लोग घर तक पहुचा दी
शहर मे त , हर चीज पुछे मे दुबिधा बा
शहर के लोग बस ,इंटरनेट पे देख सकेले
गाँव मे हमरा , साचो के बाग- बगीचा बा
बरगर पिजा से बढ़िया , लिट्टी -चोखा बा
घईला के पानी,शरबत से जादा मीठा बा
गाँव मे काम ,मिल के ओरीयावल जाला
शहर मे मरदे बस ,भरमावे के तरीका बा
शहर जइसन नइखे ,बाकी आके देखल
दु टाइम ठीक से,खाये जियेकेे सुबिधा बा
केहु दिल्ली,बम्बे त केहु अरब बा मैकश
आज हर शहर मे ,आपन गाँव जिंदा बा
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
#ललका_गुलाब
#रिलीज_होता
#28_अप्रिल_2017_के
#यूट्यूब_आखर_प (सब्सक्राइब करी)
www.youtube.com/c/aakharbhojpuri
No comments:
Post a Comment