Sunday, 15 April 2018

#कवन_नेता_बढिया_बा ?

#कवन_नेता_बढिया_बा ?
★■■■■■■■■■■★

केहू लाल केहू करिया बा
कवन नेता बढ़िया बा ?

खुरपी से के सोहल बाटे ?
दूध  के  के  धोवल  बाटे ?
कमाये के सब जरिया बा
कवन नेता बढ़िया बा ?

केहु चतुर केहू गदहा बा
बलेल के हाथे पगहा बा
बिकल्प के ना जरिया बा
कवन नेता बढ़िया बा ?

चुनाव के पहिल भोट चाही
चुनाव  के  बाद  नोट चाही
टूटल लोटा फुटल थरिया बा
कवन नेता बढ़िया बा ?

जनता के आँखि लोर बा
पक्ष - विपक्ष सभ चोर बा
कल्लू त केहू खेसरिया बा
कवन नेता बढ़िया बा ?

- मिथिलेश मैकश
  छपरा

No comments:

Post a Comment