Saturday, 31 March 2018

आदिमी के ईयाद बड़ी तेज होला

आदिमी के ईयाद बड़ी तेज होला
आदिमी ना भुलाये
जइसे लईकाई के
ब्रह्म बाबा के किरिया
हलुमान जी के कसम..
विद्या कसम..
कटिस..
ईयाद फिलिम नियन होला हो
ईयाद हो जाला एकेबार में

दिल में कवनो बात लाग जाला
त लोग मन में रख लेबेला
जइसे भूसा ना खोंप में रखाला!
बिटोरा जाला जइसे
मार खानी अरकच बथुआ

मेहरारु लोगन के ईयाद बड़ी तेज होला
हम देखले बानी गांव में
जब झगड़ा होला
त एक से एक ईयाद आवेला
उनुका लो के
ई ईयाद उहे ह
जइसे
हंसुआ के बियाह में खुरपी के गीत

- मिथिलेश मैकश
  छपरा

No comments:

Post a Comment