#आखिर_देस_के_जिम्मेदारी_के_लिहि ?
•••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••
नाया सभे खोजऽता , खटारी के लिही ?
दस के माइलेज बा , ई गाड़ी के लिहि ?
जब मये लोग , डाक्टरे इंजीनियरे बनी
त फेर गरदन पऽ, हर कुदारी के लिहि ?
तुलना करे के,एगो बेमारी ह अदमी के
सभके हलुके चाही , त भारी के लिहि ?
प्रेम से बेचबऽ , ओकर बाते अलग बा
जे अइसे तु करबऽ बरियारी,के लिहि ?
ना एकर दवाई , ना एकर डागदर बारे
रहे द बुआ,ई दिल के बेमारी के लिहि ?
जनता ई ,जानल चाहत बिया "मैकश"
आखिर देस के , जिम्मेदारी के लिहि ?
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
सभे बा सुख के हेमवारी , तरफदारी के लिही ,
हमरा बा बिपति से इयारी , अंकवारि के लिही ,
सभे अंगरेजीये में लिखी अउर बोली।
त् भजपूरी के बढ़ावे में हिस्सेदारी के लिही।
No comments:
Post a Comment