#लइका_तनि_सावर_बा
______________________
धन जायदाद ,कहत त बानी
बड़ी लमहर बड़ी पावर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
गोर भुइयां ना उतरे रे मरदे
कबो जहाज त कबो गाड़ी में
कइ किता जमीन बा ओकर
शहरिया आउर बधारी में
ओकरा काथी के कमी होइ
जेकरा घरे चार गो टावर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
हम त इहे कहेम बलेशर हो
आरे छेक द हो ई बबुआ के
जेके हेतना भगवान दिहले
ओकरा कमी बा अगुआ के
जा दुआर पर ,देख ओकरा
हाथी घोड़ा मये जनावर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
बाटे डिमांड ओकरा लइकी
पढ़ल लिखल बेजोर चाही
अब साँवरो लइकन के देख
लइकी सुनर आ गोर चाही
सुननी ह ओकरा, रोजे के
500 रोपिया पर आवर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
बाकी लइका तनि सावर बा
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment