भच -भच बोलता ... पागल बा
लोग के कहे में ...का लागल बा
आदमी बड़ा ...जानकार बा ई
असही...थोड़े ई बार पाकल बा
साहेबा तऽ ...घुस बड़ी मांगता
बुझाता ...पइसा के जामल बा
पढ़े के बेरी...खूब भंगुआता
लइका ई...रात भर जागल बा
बस , पांच लाख...दहेज लेहम
पांच लाख ...घुस लागल बा
बइठले बइठले ...मुँह में चाही
खाली...तहरे मुँह तातल बा
हिन्दू-मुस्लिम ...त जरबे करी
चुनाव के जे ...आग लागल बा
ई 26 जनवरी...आ गइल का?
फेर...देशभक्ति गीत बाजल बा
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment