का हो खैनी बा ?
खैनी चुना..शब्द ,आज परिचय के मोहताज नइखे। भले जमाना आज रजनीगंधा,राजनिवास,जाफरी,पान बहार मये गुटखा के पीछे पागल भइल बा..बाकी अभियो कुछ लोग बा जे इ कहे से ना बाज आवे की जवन माजा खैनी चुना मे बा उ शायद कहीं नइखे ।
हर गली आ चौराहा पे ,5 गो लोग मे से 2 गो लोग मिल जइहे जेकरा खाती खैनी ऑक्सीजन ट्यूब नियन काम करेला। अंग्रेजी मे एगो शब्द होला #फैन , आ जदि फैन से भी बड़का उपमा देबे के होइ त ओकरा के लोग #फैना कह सकत बा। त कुछ लोग अइसन फैना बा खैनी के ,की का कही ...बिना खइले उनका लोगन के मैदान ना उतरेला...भोरहि उठी सुति सबसे पहिले चिनोउटी खोजिहे आ खैनी चुना एतना बढ़िया से मिलइहें जइसे की राम जी आ भरत जी के मिलाप भइल रहे..मने जवन माजा आदमी के ककुली हबुआए मे आवेला उहे माजा खैनी चुना रगड़े मे आवेला...
केतना लोग त अइसन बारन लो की कहेलन की मरदे , इ खैनी ....नाशा ना आयुर्वेदिक दवाई ह..,.दुये मिनट मे आदमी फ्रेश हो जाला।
खैनी खाये वाला लोग दुरे से चीन्हा जाला...इनकरा लोगन के बहुते साइलेंट फीचर्स बा जइसे...
इ लोग कहे आ मांगे मे ना लजाला लो...जदि खैनी पास मे बा त बिल्कुल शांत रहिहे आ जइसे ख़तम भइल..,त बैचेनी शुरू......
अब लगीहे लोगन से पूछे ,,,"का हो बा?"
अब अगिला इ ना समझ पावेला की का मांगत बा?
कुछ लोग त एकर नामे बदल देले बा,,कहेला की का हो BBC बा?? इ BBC 'बुद्धि बर्धक चूर्ण' के छोट रूप ह...जवन पढ़ल लिखल लोग बोलेला...गांव के लोग त सीधे कहेला का हो कवन खैनी ह ? सुरती की दोसर ???
खैनी तेज बा की खराब बा की बढ़िया बा एकर पहचान बड़ा सरल बा...इ खाये वाला के बगल मे जवन बइठल होइ उहे बता दी...जदि खैनी पिटत बेरी 4_5 गो लोग के सरक ना जाये भा खोखि आ जाये भा लागस लो नाक मले तबले खैनी उ खैनी ना कहाइ। खैनी के मतलब की चिनोउटी से निकालते आ हाथ मे लेते ही ट्रेन के जरनल डिब्बा से 2_4 गो सीट ना खाली हो जाये त खैनी तेज नइखे...
कुछ लोग खैनी के शाही परिवार नियन देखावेला..जइसे जे ढेर शोखीन बा पितरिया चिनोउटी के प्रयोग करेला..कुछ लोग चानि कलर के चिनोउटी प्रयोग करेला..जे जइसन समर्थ बा आर्थिक रूप से ओइसन चिनोउटी राखेला...आम आदमी प्लास्टिक के 10 रोपया आला आ ओकरो से कमजोर लोग चिमकिए मे राखेला..
खैनी जादा महंगो नइखे फेर भी लोग मांगे से बाज ना आवेला..कुछ लोग एहिसे 2 गो चिनोउटी राखेला ,,एगो मे भरके त एगो खाली खाली चुना भर के। आपन खैनी लोग डार त दबा के राखेला आ दोसरा के देखते टप से हाथ बढ़ा देबेला।
खैनी के चलते ,केतना लो के शादी कट जाला, त केतना लोग के अगुआ भाग जाले, त केतना लो के दांत ताजमहल के उल्टा हो जाला।बाकी खैनी ना छूटे....
कहल जाला की दुगो पियक्कड़ ,दुगो गजेरी ,दुगो भंगेड़ी आ दुगो खैनी खाये वाला ..इ लोग जन्म जन्म के साथी होला।इ लोग दुगो बिछरल भाई रहेलन लो जे नाशा के सम्पर्क मे आवते सागा भाई से भी जादा भातृत्व देखाए लन लो।
भले लोग केतनो अमीर होखे ,कार होखे , पइसा होखे,,बाकी जदि सामने कवनो खैनी बनावत मिल जाइ त , का स्टेट्स आ का नाम? टप से बोल दिहे का हो भाई का हाल बा ? एक खिली हमरो के बना दिहs।
एक खिली एगो मात्रक ह खैनी के...जैसे 1 पेग ,2 पेग होला शराब मे ओसहि 1 खिली खैनी के SI मात्रक ह।
जेंगs मेहरारू लोगन के खाटाइ देखते मुंह मे पानी आवेला ओसहि खैनी के सूंघते ..फैना लो धीरे धीरे गन्तव्य स्थान पर पहुच जाले...जैसे नागिन धुन पे नागिन।
जे जादा पॉजिटिव लोग बा उ का कहेला खैनी के ...तनि देखी सभे
बे मरदे खैनी आ चुना शंकर भगवान के परसादी ह..
जदि केकरो चोट लाग जाये त इहे चुना हरदि संघे मिला के लगा देला से दरद खत्म हो जाला।
जइसे शादी बियाह मे टाइ बान्हें वाला लोगन के खोजाहट होला ओसहि केहु के चोट लागे त खैनी खाये वाला के खोजाहट होला।
चुना मे केल्सियम होला आ इ दांत आ हड्डी खाती फायदेमंद होला। फालतू के दवाई लेला से बढ़िया बा की नेचरल केल्सियम ल।
खैनी चुना के मिश्रण राखला से लुक ना लागेला
खैनी .....पेट सफा , कायम चूर्ण के बड़ भाई ह।
आदि आदि ..बहुत सकरातमक बिचार देबेला लो।
#मिथिलेश_मैकश
No comments:
Post a Comment