|| भोजपुरी के जयकार लिखऽ ||
जदि महीना मे ना होखे तऽ
हफ्ता मे एक बार लिखऽ
आ खूब लिखऽ ए भईया
भोजपुरी के जयकार लिखऽ।
"आखर","हेल्लो भोजपुरी" भा
मये साहित्य किताब देखऽ
"खबर भोजपुरी" के साथे साथ
अब "ललका गुलाब" देखऽ
आपन माई भाखा खाती
आपन सनेह दुलार लिखऽ
आ खूब लिखऽ ए भईया
भोजपुरी के जयकार लिखऽ।
दु लोग के ना बुझाए त
चार लोग के बुझात त बा
एही बहाने कम से कम
कुछ ना कुछ लिखात त बा
बिदेशिया के कहानी भा
पूरबी धुन के झंकार लिखऽ
आ खूब लिखऽ ए भईया
भोजपुरी के जयकार लिखऽ।
लोग लिखत नईखे ऐसे की
बे मरदे ! ई लोग का कही?
अरे मरदे अब तु ना लिखबऽ
त घर के लोग का कही ?
जोगीरा फगुआ गावऽ बबुआ
चइता के बहार लिखऽ
आ खूब लिखऽ ए भईया
भोजपुरी के जयकार लिखऽ।
#मिथिलेश_मैकश
#लिखी_भोजपुरी_पढ़ी_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment