बोलऽ भइया अबकी भोट केके दिहल जाव?
__________________________________
पिछिला चुनाव से अबकी का सिखल जाव?
बोलऽ भइया अबकी भोट केके दिहल जाव?
उल्लू कइसे सीधा होइ ,नेता लो जानत बा
आ जवना के देखऽ ,खाली भोट माँगत बा
देख लऽ आगे पीछे , कवनो भी पार्टी के
बस राजनीति होता,खाली वर्ण जाति के
पइसा अबकी,कवना पार्टी के लिहल जाव?
बोलऽ भइया अबकी भोट केके दिहल जाव?
जनता के दुख मे , कबहु जे रोवल होखे
देखा दऽ, के बा? जे दूध के धोवल होखे
जवन सम्हार ना सके आपन परिवार के?
आरे ,उ का सम्हारि ? राज्य सरकार के
दारू अबकी,कवना पार्टी के पिअल जाव?
बोलऽ भइया अबकी भोट केके दिहल जाव?
केहु ना केहु पार्टी के त , भोट देहल जाई
अबकी नु,दुगो पार्टी के ठीका लेहल जाइ
सोलर सेट,चापाकल,दुआरे लगवा लेबे के
घरवा के पिछुती के , नाला बनवा लेबे के
सभे त जियते बा,हमनियो के जियल जाव
बोलऽ भइया अबकी भोट केके दिहल जाव?
#मिथिलेश_मैकश
#लिखी_भोजपुरी_पढ़ी_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment