#चिरगना_के_अगुआ_आइल_बारन_लो
_______________________________
अपना कावर मोटा मोटी 14 दिसम्बर से 14 जनवरी तक #खरवास मानल जाला , आ ओह समय मे शादी बियाह से लेके कवनो शुभ काम ना कइल जाला ,काहे से की खरवास के लोग अशुभ मानेला ...माने दही चुड़ा आ सकरात के बादे से कवनो शुभ काम कइल जाला नाया साल मे...
बाकी एह घरी समय के व्यस्तता मे एतना मन से अब केहु पहिले लेखा मानत नइखे ...2 जनवरी 17 के एहु घरी अगुआ लोग,चिरगना के घर दुवारे पहुच जाता आ माटी कोड़े लागत बा...कहात बा की अभी शादी बियाह ना होइ काहे से की खरवास चलत बा त कहत बारन लो की अभी #लगनी_खरवास चलत बा....एह समय लोग देखा देखी कर सकत बा..लेन देन कुछु ना होइ ,खाली बात बिचार होइ..
अब चिरगना के दुवार प 10 गो कुर्सी लागल बा। लोग गोले गोले गोलिया के बइठल बा...केहु बीड़ी पियत बा त केहु खैनी मलत बा..ओहमे एगो नवका लइका आइल बा फूल HD मोबाइल लेके त सट सट मार सेल्फ़ी खिचत बा...त कबो ऑनलाइन वीडियो कॉलिंग करत बा ...सभ लोगन के ध्यान मोबाइल पे टिकल बा...ओहिमे एगो बुढ़ काका बारे उ मोबाइल देख के चिहाइल बारन आ पूछत बारन की " आ रे !! हइ ना देखs एमे त आदमी लउकता रे? बोलतो बा!! टुकुर टुकुर ताकत बा? कईसे होता रे?
"ए बाबा एकरा मे व्हाट्सएप्प से बात होता..बइठल बइठल केहु से बात कर लेबs लागि की आदमी सोझा बइठल बा"।
"पइसा ना लागि रे? बड़ी महंगा होइ रे फेर त?, बाबा पुछले,
"ना बाबा एमे जिओ के सीम लागल बा 3 महीना ले फिरी बा!!"
तनि हेने ताकs त ,देखs हेदे तहरो फोटो लउकत बा ..तनि हस s त ,मार दिहि एगो तहरो फोटो कच से।
इहे बिचे तरह तरह के बात चित भी चलत बा। #नोट_बन्दी पे एक जाना बड़ा बढ़िया से समझावत बारन ।लोगन के बतकही से लागत बा की मए प्रतियोगिता दर्पण के सम्पादक लो एहिजे बइठल बा। उनका लोगन के बिशलेशन के आगे आर्नब गोस्वामी भा सुधीर चौधरी भी फेल बारे।
ओहिमे एकजाना काका पुछले की" आरे ई मोदिया नोट काहे बन कइलस रे! आंय!! कहता लो की मोदिया काला धन लिआइ देश मे?"
"आरे जनलs काका , मये अमीर लोग पईसा गोजिया गोजिया के झापि मे ,त बोरा मे कस कस के रखले रहल हा,अब जब नोट बदल दि त पइसा त कागज नियन हो जाइ। एहिसे मोदिया नोट बन कइले बा। अब जे अढ़ाई लाख से जादा जामा करी ओकरा के पुलिस पकड़ लिहे स।"
"आ इ केजरीवालवा कइसन नेता ह रे? सार खाली मोदिया के पीछे पड़ल बा!!" बाबा पुछले
अब ओहि मे एकजाना भगत रहले उनका से बरदास ना भइल आ कहले "आरे छोड़s मरदे नेता पॉलिटिक्स" , लइका के बोलावल जाव ,आ जल्दी से देख के आपन दोसर काम कइल जाव.."
ऐने चिरगना के खुशी के मारे रहात नइखे, मार साबुन मुँह मे पोतत बा आ पाउडर पाउडर प घोसले बा। फेरा लभली के #अनबिटेबल_टेस्ट आज कइए के मानी!!!
शीशा के सामने चार खल के मुहं बनाके खूब निरेखत बा...2 गो नाया टिसट किनले बा त ओहिमे हेराइल बा की कवन पेंही..ललका की करीयाका?
एने ओकर माई 2 मिनट खाती बोलवलि ,आ कहलि की देख, केहु बाबूजी के नाम पुछि ,त नाम के पहिले श्री लगा के बोलिहे..एगो दुगो लोग होइ त गोर छुके प्रणाम कर लिहे ,आ ढ़ेर लोग होइ त समहरे हाथ जोड़ के प्रणाम कर लिहे...आ हइ सीकरी के गर्दन से निकाल के लुका दे, तबे नु चानि के सीकरी माँगल जाई। अब जो !!आराम से गते गते।
जइसे आजकल लोग ATM मे पईसा खाती ताकत बा ओसहि लोग लइका के राह ताकत रहल ह। एहि बीचे लइका दुआर पे गइले आ इंटरभीउ अब चालू हो गइल।
"प्रणाम "
"खुश रहs। बइठs बाबू"
"का नाम पड़ी आपन?
"चिरागन जादो"
"आ बाबूजी के का नाम पड़ी ?
"श्री मंगरु जादो"
"ममहर कहाँ पड़ी "?
"नेकनाम टोला"
"नाना के नाम का पड़ी ?
"बलेशर जादो"
"कव भाई आ कव बहिन हव?
"3 भाई 1 बहिन"
"का करेलs??
"दिल्ली मे जूता कम्पनी मे काम करीला
"काहा ले पढ़ाई भइल बा?
"9वां मे रहनी तबे बाहर चल गइनि"
"खा पिके केतना बच जाला ?
"कपड़ा फिच फाच के 4,500बच जाला"
"कवनो नाशा भी चलेला?
तले एहि बिचे मंगरु जादो टोकले की "का महाराज हमार लइका त चाय तक ना पिये सिगरेट दारू त बड़ी दूर के बात बा।"
एहि बीच एक जाना कहले की "ए बबुआ ,तनि सीधा खारा होजा आ तनि हउ कलवा त से घूम के आवs"...अब इ लोग लड़िका के अइसे देखs ता जईसे घेघटा मेला आ सुरुठ बाबा के मेला मे लोग बैल चला के देखेला!! लड़िका तनि मने मने फफनाता बाकी कुछ बोलत नइखे । चुप बा। गम्भीर बा।
बात बिचार भईल की अब लइका के भेज दिहल जाव। लइका त पसन बा बाकी अब खरवास मे त लेन देन ना कइल जाला आ दोसरे मोदिया नोट बन क देले बा। तब फेर खिचड़ी के बाद आवत बानि स। प्रणाम!!
एने लइका घर मे गरमाइल बा आ माइ से शिकायत करत बा की "ए माई" अगुआवा बउराह बारन स का? हमरा के बैल नियन चला चला देखत रलs सन। लम्बाई नापत बारs सन। हमार दिमाग खराब हो गइल ह की का कही?
"चल छोड़ इ सब त आजकल चलते बा ", पीछे से मुकेश समझावत बारन आपन दोस्त चिरागन के....
लोग लइका आ लइकी दुनु के मोबाइल नियन चेक करत बा लो,, की का का बा ?? ब्लूटूथ बा की ना? केतना GB रैम बा? का फीचर बा आदि आदि।
शादी बियाह अब पहिले लेखा ना रह गइल..शादी कम ड्रामा जादा होता। ले हइ 3 गो रसगुल्ला बचल बा ..जल्दी से खो आ खाके चल चलेके बहरी घुमे....
#मिथिलेश_मैकश
#लिखी_भोजपुरी_पढ़ी_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment