Wednesday, 13 December 2017

बेटी न रहेगी तो फिर जग का सृजन करेगा कौन ?

अगर वीरान होगी धरा तो
सींच कर मधुवन करेगा कौन ?
बेटी न रहेगी तो फिर
जग का सृजन करेगा कौन ?

उड़इहैं जहाज बेटी ,
नाम करीहें देश के
बेटी के कम ना बुझी
काम करीहें देश के

Saturday, 9 December 2017

#समय

#समय

समय, आन्ही , तूफान, हवा  के बवंडर हऽ
समय, वीर कुँवर सिंह, समय सिकन्दर हऽ
समय सर्वग, समय सनातन
समय के प्रणाम करऽ
समय के सलाम करऽ

काल, महाकाल, तीनों लोक, दृश्य इहे ह
गुरु -शिष्य, वर्तमान, भूत, भबिष्य इहे ह
समय, समय ना दिही
समय  से  काम  करऽ
समय के सलाम करऽ

समय श्रेष्ठ, समय तेज, समय सत हवे
समय ब्रह्म, समय अदृश्य, शाश्वत हवे
समय निधान, समय बिधान
ना सुत, ना आराम करऽ
समय के सलाम करऽ

© मिथिलेश मैकश

PC : Abhishek Shekhar

अभिषेक बुआ के जुनून आ बेहतरीन , जबर फोटोग्राफी  खाती उनुकर पेज PFAPC क लाईक करी।
पेज के लिंक इ रहल 👉  https://www.facebook.com/pfapc2016/

Monday, 4 December 2017

#भोजपुरी_आपन_माई_हियऽ

#भोजपुरी_आपन_माई_हियऽ
__________________________________

मान करऽ ,सम्मान करऽ
बोले में स्वाभिमान करऽ
आपन देश आपन माटी के परछाई हियऽ
अमृत गंगाजल हिरदया जइसे गाई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ

भोजपुरी भाषा,संस्कृति, एगो इतिहास हियऽ
आगी के लिट्टी चोखा के, सोन्ह मिठास हियऽ
समरीध फलल फूलल,भाषा बड़ी महीन हियऽ
जेही सुनेला कहेला,हिन्दी के छोट बहिन हियऽ
मिठ बोली लागे जइसे कि मिठाई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ

हमार करम धरम , कुल्ही पहचान हियऽ
बाबू के चिंहासी , माई  के निशान हियऽ
कइसे भुलाई लड़ीकाई के संघाती हियऽ
हमार बाबा आजी के पोसल थाती हियऽ
चान के अँजोरिया, सुरुज के ललाई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ

© मिथिलेश मैकश
    #छपरा

Saturday, 2 December 2017

गइलो से गइल बुरा हाल बा भोजपुरी के

*गइलो से गइल बुरा हाल बा भोजपुरी के*
________________________

कइसे चुप रही, ई सवाल बा भोजपुरी के
गइलो से गइल बुरा हाल बा भोजपुरी के

कहीं समियाना त ओठलाली, बोरता बेयास लो
अश्लील त अश्लील ,देवतो ना छोड़ता बेयास लो
लाजो ना लागे कवन मुँह ,देखावता बेयास लो
गीत माई बहिन के अइसन ,गावता बेयास लो
इज्जत सम्मान ना खियाल बा भोजपुरी के
गइलो से गइल बुरा हाल बा भोजपुरी के

मुड़ी गाड़ के चलता ,आ मुड़ी गाड़ के रहता लो
मुड़ी गाड़ के सुनता पर ,केहु कुछ ना कहता लो
केकरा के समझावत फिरी,मार हो हल्ला मचल बा
बजाव लो जवन मन करे,अब इहे दिन नु बचल बा
नेता अभिनेता सब दलाल बा भोजपुरी के
गइलो से गइल बुरा हाल बा भोजपुरी के

कुछ लो के चक्कर में ,मये जनता लाचार बिया
शासन प्रशासन ठंड ,आ ठंड भी सरकार बिया
आग ध लेता देह भीतरी, साँचो बड़ा खलता
मना कइला पे जब लोग, कहता इहे चलता
कमाता ,इंडस्ट्री मालामाल बा भोजपुरी के
गइलो से गइल बुरा हाल बा भोजपुरी के

- मिथिलेश मैकश
  छपरा

बाबू हो बियाह मत करऽ

*बाबू हो बियाह मत करऽ*

जिनगी भर के साजा ह
बियाहे ले बस माजा ह
टेंशन फिकिर कुछ नाही
कुँवार आदमी राजा ह
बिना कइले काचा बाच्चा
बनल रह सबके चाचा
आगे के ना टेंशन रही
नींद पड़ी आछा आछा

परमानंद रहऽ स्वरगानंद रहऽ
तु मन से विवेकानन्द रहऽ
बन जा मर्दे अटल बिहारी
आ जीवन में आनंद रहऽ
समय इहे बा खालऽ पीलऽ बाबू
जिनगी आपन जीलऽ बाबू
काँट फाट के चक्कर छोड़ऽ
गेंदा नियन खिलऽ बाबू

रिस्क बा ई खेला में
मत पड़ झमेला में
जादा सोच ना ए राजा
माजा त बा अकेला में
गोटाइल रहऽ मोटाइल रहऽ
खा पी के तु अघाईल रहऽ
दुवारे अगुवा लउके जे त
दोबा में लुकाइल रहऽ

अंडा नियन गोल हवे
बहुत बड़का झोल हवे
बरमूडा त्रिकोण दादा
शादी ब्लैक होल हवे
एक बेर जे फसल बा
दोबारा ना उ हँसल बा
नट के नीचे सुती जइसे
टाइट क के कसल बा

ना सेविंग ना जामा होई
PF पे रोज हंगामा होई
छेका तिलक ट्रेलर हवे
बियाह के बाद ड्रामा होई
जवन कहिले उ बात बुझऽ
एके ना दाल भात बुझऽ
कुँवार अँजोरिया पूर्णिमा ह
बियाह अन्हरिया रात बुझऽ

बजा दि जीवन के अइसन डीजे ह
बिना कार्ड के अंगया बिजे ह
धरती पे पता ना लागल ना आजो
एगो अलगे इहो चीजे ह
ना घोटल जाये ना फेंकल जाये
जियल बड़ा जंजाल हो जाला
लेके बस चुभलावत रहऽ
चिलगम वाला हाल हो जाला

अकेले जिनगी काटे के आह्वान करऽ
चल जा कहीं गुफा में तु ध्यान करऽ
ग्रोथ नइखे शादी के सेक्टर में
कहीं आउर इन्वेस्ट प्लान करऽ
काचकाड़ा के ई पाया हऽ
हनी  ट्रेपवा  ई  नाया  ह ऽ
बियाह बियाह मत रटल करऽ
सब  ई  मोह  माया  हऽ

एगो सुबह एगो शाम बाटे
हल्का फुल्का काम बाटे
बियाह में बड़ी तामझाम
कुँवारे  में  आराम  बाटे
ना घोड़ा बा ना गाड़ी बा
परिवार बड़ जिमेवारी बा
बियाह जे क लेलस दादा
खतरों के खिलाड़ी बा

एक त बेरोजगारी बा
नौकरी के मारा मारी बा
आपन देखब कि दोसरा के
इंहा देह चलावल भारी बा
बाली टिका हार चाही
सजे के सिंगार चाही
हर हफ्ता के दु दिन बाबू
शनिचर आ एतवार चाही

च्वाइस ई कइसे पूरा होई ?
ख्वाइस कइसे पूरा होई ?
मेहरारू कुछ कुछ मांगी त
फरमाइस कइसे पूरा होई ?
मैडम लोग के खरीदारी पे
महंगा स्टोन वाली साड़ी पे
आ जइब तु एके हाली
जॉकी से अमूल,कोठारी पे

मैडम रुसिहैं त मनाये के रही
रोटी बेले आ बनाये के रही
रात भर लईका सुते ना दी
आ भोरे ड्यूटी जाये के रही
कबो साली कबो साला होई
मार पईसा के देवाला होई
किचिर फिचिर रोजे रोजे
बात - बात  प  हाला होई

कुँवार जइसे हिन्दी ह,हिस्ट्री ह
बियाह त फिजिक्स,केमेस्ट्री ह
कुंवारन मे फरमुला नइखे
शादी अलजेब्रा,ट्रीगोनेमेट्री ह
लाजे केहु से कुछ ना कहत होई
मुड़ी गाड़ के चुपचाप रहत होई
हम त बानी अकेला इहे सोचिले
बियाहल आदमी कइसे रहत होइ

Monday, 27 November 2017

ई जिनगी में "मैकश" ,अब आउर का बा?

खाये के मिल जाव त ,मोट पातर चाउर का बा?
जब भूख लागे त फेर , मिठ आ  माहुर का बा?

कबो तन - मन -धन प , ढ़ेर  गुमान  ना कइनी
सब भगवान  के दिहल ह , एमे  राउर  का बा?

हंसी - मजाक ,  सुख - दुख भा  सनेह- दुलार
ई   जिनगी  में  "मैकश" ,अब  आउर  का  बा?

Tuesday, 21 November 2017

रानी पद्मिनी

आन बान वाली बातें ,जिसके मन में चलती हो
पद्मिनी है वो , अस्मत हेतु अंगारों में जलती हो

अरे तुम दो पैसे वाली ,क्या जानोगी जौहर को
चर्चे है अखबारों में ,तुम रोज शौहर बदलती हो

काम नायिका का है ,बनके आईना चरित्र निभाना
पद्मिनी को कैसे समझोगी , बिकनी में जो चलती हो

इसी वक्त के आगे हारा ,विश्व विजयी सिकन्दर भी
टूट जाएगा भ्रम सारा ,तुम किस मुगालते में रहती हो

अभी वक्त है तेरे पास ,भूल को अपनी स्वीकार करो
कर दो खेद प्रकट मनोज , अगर कभी जो गलती हो

                                              मनोज कुमार

Thursday, 2 November 2017

श्रद्धांजली - पांडेय कपिल

भोजपुरी साहित्य के वट-वृक्ष पांडेय कपिल जी के बैकुंठ गमन के दु:खद सूचना मिलल हऽ। ऊंहा के लोर भरल आँखिन से श्रद्धासुमन अर्पित बा। ऊंहा के बतावल-देखावल राह पऽ भोजपुरिया समाज बढ़त रहे, इ हे ऊंहा के प्रति हमनी के सबसे बड़हन श्रद्धांजलि होई।

बूँद भर पानी के खातिर मन तरस के रह गइल,
उमड़ के आइल घटा हालत प हँस के रह गइल I

जब कि पथरा गइल कब से ई नजरिया हार के,
आज उकठल काठ पर सावन बरस के रह गइल I

हर जगह बालू के पसरल बा समुन्दर दूर तक,
दूर से आइल ई पातर धार फँस के रह गइल I

सोच में बीतत रहल बा जब कि जुग-जुग से समय,
जिन्दगी फाँसी बनल गरदन में कस के रह गइल I

लोग चारो ओर हमरा पर तरस खाइल बहुत,
हाय, करइत साँप अइसन लाज डँस के रह गइल I
   
- पाण्डेय कपिल

Monday, 30 October 2017

ठीक बा हम बुरबक हई, हुशियार तुही रहऽ

कुकुर ,सियार ,बिलार, दतचियार तुही रहऽ
ठीक बा हम बुरबक हई, हुशियार तुही रहऽ

दुगो चेला पकड़ऽ, ज्ञान बाटत रहऽ
अपने थूकऽ ,फेर अपने चाटत रहऽ
लाज शरम निभा द , लंगटे उघार तुही रहऽ
ठीक बा हम बुरबक हई, हुशियार तुही रहऽ

मुँह फुला लिही, देखऽ रोइ कइसे
कुकुर के पोछ, सीधा होई कइसे
हमनी के फ्लॉप आदमी, जा स्टार तुही रहऽ
ठीक बा हम बुरबक हई, हुशियार तुही रहऽ

उजड़ल हम ,उजियार तुही रहऽ
सुटुकल हम, छितनार तुंही रहऽ
हलुका क द आज,धरती के भार तुही रहऽ
ठीक बा हम बुरबक हई, हुशियार तुही रहऽ

#चालाख_लोमड़ी

का इ संभव बा?

का इ संभव बा?
                       ______________

ससुरार मे साली होखे आ जीजा के प्यारी ना होखे?
एगो मेहरारू होखे आ ओकर दस गो साड़ी ना होखे?
बियाह होखे आ अंगना मे भसुर के गारी ना होखे
रोटी होखे आ ओकरा साथे आलू के तरकारी ना होखे?
का इ संभव बा?

तरकुल के गाछ होखे आ लबनी मे ताड़ी ना होखे?
सपा के सरकार होखे आ जादो लो सरकारी ना होखे?
स्मार्ट फ़ोन होखे आ फेसबुक के बेमारी ना होखे?
नाया घर बने आ पिछुती मे एगो दुआरी ना होखे?
का ई सम्भव बा?

सरकार कवनो के बने आ भाई बेरोजगारी ना होखे?
नेतन के मौज आ जनता लोग के लाचारी ना होखे?
कहीं घोटाला पे घोटाला त कहीं रंगदारी ना होखे?
कश्मीर होखे आ पकिस्तान के जयकारी ना होखे?
का ई सम्भव बा ?

गाय भइस होखे आ बाछा पाड़ा पाड़ी ना होखे?
होली के दिन होखे आ कपड़ा फाड़ा फाड़ी ना होखे?
ATM होखे आ लाइन मे धाका मारा मारी ना होखे?
काम करे जे छरहर आ देहचोर के देह भारी ना होखे?
का ई सम्भव बा?

मुखिया होखे आ ओकर घर मे आंगनबाड़ी ना होखे?
सुखी केतनो घर होखे आ दुख मे नारी ना होखे?
सुदामा केहु बने आ फेर किशन के यारी ना होखे?
निश्छल भाव होखे आ प्रेम के अकवारी ना होखे?
का ई सम्भव बा?

बुनिया पूरी होखे आ लइकन के किलकारी ना होखे?
जाहां नाच समियाना होखे आ दुनालिधारी ना होखे?
गोतिया केतनो आपन होखे आ पटिदारी ना होखे?
सरकारी जमीन होखे आ आपन फुलवारी ना होखे?
का ई सम्भव बा ?

परोरा के खेती आ लीलगाय के रखवारी ना होखे?
गांव कहीं भी होखे आ उंहा दियर बाधारी ना होखे?
उदास लइका होखे त उदास ओकर मतारी ना होखे?
बेटी कइसनको होखे आ बाबू के दुलारी ना होखे?
का ई सम्भव बा?

सरकारी ऑफिस होखे आ गायब कर्मचारी ना होखे?
चपरासीये होखे आ ओकर डेली के हजारी ना होखे?
कलर्क के उपरवार होखे आ चाय के उधारी ना होखे?
योजना कवनो होखे आ चोर अधिकारी ना होखे?
का ई सम्भव बा ?

- मिथिलेश मैकश
  छपरा

Sunday, 22 October 2017

वंदे मातरम्

वंदे मातरम्‌ ।

सुजलां सुफलां मलयजशीतलाम्‌
स्यश्यामलां मातरम्‌ ।

शुभ्रज्योत्‍स्‍नापुलकितयामिनीं
फुल्लकुसुमितद्रुमदलशोभिनीं
सुहासिनीं सुमधुर भाषिणीं
सुखदां वरदां मातरम्‌ ॥

वंदे मातरम्‌ ।

कोटि-कोटि-कण्ठ-कल-कल-निनाद-कराले,
कोटि-कोटि-भुजैधृत-खरकरवाले,
अबला केन मा एत बले ।

बहुबलधारिणीं नमामि तारिणीं
रिपुदलवारिणीं मातरम्‌ ॥

वंदे मातरम्‌ ।

तुमि विद्या, तुमि धर्म
तुमि हृदि, तुमि मर्म
त्वं हि प्राणाः शरीरे
बाहुते तुमि मा शक्ति
हृदये तुमि मा भक्ति
तोमारई प्रतिमा गडि मन्दिरे-मन्दिरे मातरम्‌ ॥

वंदे मातरम्‌ ।

त्वं हि दुर्गा दशप्रहरणधारिणी
कमला कमलदलविहारिणी
वाणी विद्यादायिनी, नामामि त्वाम्‌
कमलां अमलां अतुलां सुजलां सुफलां मातरम्‌ ॥

वंदे मातरम्‌ ।

श्यामलां सरलां सुस्मितां भूषितां
धरणीं भरणीं मातरम्‌ ॥

वंदे मातरम्‌ ।

यादें

जितने वालों का एक निशाना होता है

केहू पड़ गइल पसन त हम का करी

गाँव के हम लइका हई

बूढ़ पुरनिया के ना होखे से , घर दुवार उदास लागेला

आदमी ना निराश होखे , त सबकुछ संभव बा

तहरा का मालूम ?

आओ उन्हें याद करें जिन्हें भुलाया गया है

Happy Deepawali

शिकायत क्यों करें , हम इस जिन्दगी से

Friday, 20 October 2017

बाबा आज रहतऽ त केतना आछा होइत #बाबा_आज_रहतऽ_त_केतना_आछा_होइत

[ 71. बाबा आज रहतऽ त केतना आछा होइत ]
#बाबा_आज_रहतऽ_त_केतना_आछा_होइत
_________________________________

कहीं से अइतऽ त दू चार गो पाई देतऽ
रोवती तऽ चुप कराये ला मिठाई देतऽ

घुघुआ  माना  खेलइत अपना गोदी में
बइठाके हाथे खिअइत अपना गोदी में

कइसे भुलाई केतना हमें मानत रहलऽ
ठंडा लागत रहे त गाती बान्हत रहलऽ

हम जानीले हमें छोड़ के ना जइबऽ तू
हमरा बिस्वास बा कि  फेरु अइबऽ  तू

बजारी से जाके एगो पुतुल लिया द तू
सोनचीरईया के , काथा फेर सूना द तू

तहार सनेह के भाषा हम पढ़ ना पवनी
अखरेला कि जादा कुछ कर ना पवनी

काश जवन सोच तानी फेर से साचा होइत
बाबा ! आज  रहतऽ त केतना आछा होइत

(स्व० राजबलम राय) बाबा ..ताहर नाम ऊँचा रहे।
आज बड़ी याद आवत बारs

- मिथिलेश मैकश

Wednesday, 18 October 2017

अबकी बार दीपावली में

आपके चाहतों के दीये जल उठे
                    और वृद्धि हो खुशहाली में
खुशियाँ बरसे और मन हरसे
                    अबकी  बार  दीपावली में

फल  लगें और  फूल खिले
                    आपके जीवन के डाली में
पल पल आपका महक उठे
                     अबकी बार दीपावली में

अभी भेज रहा हूँ और आशीष
                     अपने प्यार की प्याली में
भर जाए मन का कोना-कोना
                    अबकी बार दीपावली में
 

  🏵🏵 Happy Deepawali 🏵🏵

Sunday, 15 October 2017

आदमी भले सांवर होखे बाकी नियत गोर होखे के चाही

आदमी भले सांवर होखे
बाकी नियत गोर होखे के चाही

आदमी भले कमजोर होखे
बाकी सोच मजगुत होखे के चाही

आदमी भले अकेला होखे
बाकी हिम्मत साथ होखे के चाही

आदमी भले डेब होखे
बाकी ओकर नजरीया सही होखे के चाही

आदमी भले निपढ़ होखे
बाकी ओकर सोच उंच होखे के चाही

आदमी भले गिर गइल होखे
बाकी ओकर नजर उठल रहे के चाही

आदमी भले टूट गइल होखे
बाकी दिल से दिल जुड़ल रहे के चाही

आदमी भले हार गइल होखे
बाकी ओकर विस्वास जीतल रहे के चाही

आदमी भले सुत गइल होखे
बाकी ओकर सपना जागल रहे के चाही

आदमी के भले ना बुझाये कुछु
बाकी आदमी के लागल रहे के चाही

आदमी भले उझुरा जाये
बाकी विचार सुझरल रहे के चाही

आदमी भले दुश्मन हो जाये
बाकी आदमियत जिंदा रहे के चाही

आदमी , समय भले बदल जाओ
बाकी इतिहास याद रहे के चाही

आदमी भले काच रहे
बाकी जज्बा पाकल रहे के चाही

आदमी भले छोट होखे
बाकी ओकर इरादा लामा होखे के चाही

आदमी भले गणित होखे
बाकी जीवन सरल होखे के चाही

आदमी भले हिन्दी होखे
दिल बाकी भोजपुरी होखे के चाही

आदमी भले कुछु बन जाये
बाकी आदमी बनल रहे के चाही

जन्मदिन के बहुत बहुत बधाई Nirala भईया। रउवा जिनगी में अइसही आगे बढ़त रही। राउर नाम यश कीर्ति जग में फैलत रहो। माई सरस्वती के असीम कृपा बनल रहो। जीवन मंगलमय हो। जय हो जय जय हो।

राउर छोट भाई

मिथिलेश मैकश
छपरा

Saturday, 14 October 2017

दिल के रिश्ते क्यूँ इतने अजीब होते है,

दिल के रिश्ते क्यूँ इतने अजीब होते है,
अजनबी हो कर भी, वो अपनों से अज़ीज़ होते है

देखते है हर तरफ़ बस उसी का चहेरा
आंखों से ओज़ल वो कहीं आस पास ही होते है

हाल-ऐ-दिल सुना ने को लब्ज़ होते नही साथ
और वही फ़साना अक्सर आंखों से बया करते है

भीड़ में अक्सर होते है तनहा
और तन्हाई में किसी के ख्यालों से घीरे रहते है

तोड़ना चाहते है दुनिया के हर रस्म- ओ - रिवाज़
और प्यार के कच्चे धागे से उम्र कैद होना चाहते है

Wednesday, 11 October 2017

लोकनायक जयप्रकाश नारायण

हसत मुस्कात चेहरा ,बोली मे जेकर मिठास हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

जन्मदिन प हाथ जोड़ के बंदन हम करत बानी
रउवा नियन नेता के अभिनंदन हम करत बानी
ई दिनांक 11 अक्टूबर , हमनी  खाती खास हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

अन्याय  के  खिलाफ  हमेशा  जेकर  समर रहे
सारण  जिला  के  लाल  नाम तोहार अमर रहे
आजादी से लेके ,सम्पूर्ण  क्रांति के इतिहास हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

गांव जवार भा देश बिदेश गाथा तोहार गावेला
केहु लोकनायक केहु जे.पी. कहीके बोलावेला
चमकेला तेज़ राउर ,जइसे सुरुज के प्रकाश हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

मैग्सेसे अवार्ड ,भारत रत्न ,चार चाँद लगावेला
अइसन रावा कके गइनी की लोग ना भुलायेला
आज रउवे जइसन नेता के भारत के तलाश हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

- मिथिलेश मैकश

Thursday, 5 October 2017

ए भाई, केकर सरकार बाटे ?

ए भाई, केकर सरकार बाटे ?
*********************

जनता बुरबक, लाचार बाटे
ए भाई, केकर सरकार बाटे ?

चिचियाता लोग ,परपरात बाटे
मुंह के भीतर  ना , घोटात बाटे
दृढ़ के बाँध  अब , टूटल जाता
मिठ बोली बोलके,लूटल जाता
काम कहीं त लउकत नइखे
बस  पन्ने  पे  रोजगार  बाटे
जनता बुरबक लाचार बाटे
ए भाई, केकर सरकार बाटे ?

योजना प योजना, चालू होता
कोरला प खाली , आलू होता
ना घोटाला,ना केहु खात बावे
पता ना,पइसा कहाँ जात बावे ?
बीरबल  के  खिचड़ी नियन
बइसाख   के   करार  बाटे
जनता बुरबक लाचार बाटे
ए भाई, केकर सरकार बाटे ?

खेल खेलतावे ,बेलाफार नियन ?
दमि कछले बाटे ,घटुवार नियन ?
लोग एनो ओने , ताकता माकता
तहार कवन खोपी में आम पाकता ?
कहीं चकचक अंजोरिया त
कहीं साफे नु अन्हार बाटे
जनता बुरबक लाचार बाटे
ए भाई, केकर सरकार बाटे ?

- मिथिलेश मैकश

नोट : एह कविता के कवनो सरकार से सम्बन्ध नइखे। केहु के अइसन कुछ लागता त मात्र एक संयोग कहल जाई।

Tuesday, 3 October 2017

#लट्टू_के_खेल

#लट्टू_के_खेल

लट्टू दू तरह के होला , #मुरुगा आ #मुरुगी । पुरुष प्रधान समाज के चरित्र के अनुसार लईकन में मुरुगा लट्टू के अधिका मांग रहेला । लट्टू केवल मात्र छोट लईकन के खेल ह । ई खेल लईकी सब में प्रसिद्ध नइखे ।

लट्टू के खेल खेले खातिर सबसे पहिले लट्टू नचावे आवे के चाहीं । एक दिन के कहो दू चार दिन में भी रउवा बढ़िया से सीख जाईं त ई एगो बड़ बात कहाई । सबसे पहिले लट्टू के लत्ति ( डोरी ) के गूंज धईले लट्टू के घाटन पर बढ़िया से लपेटे के सीखे के परेला । नचावे खातिर फेर लट्टू के जमीन पर डोरी सहित ए तरे फेंकल जाला कि गूंज सबसे पहिले खड़ा जमीन पर गिरे । जमीन पर गिरते के साथे लत्ति के एह अंदाज से अपना इयोर हल्का खींचल जाला कि लट्टू गूंज के आधार पर नाचे लागे । इहे अंदाज  अभ्यास के मूल में बा आ थोड़े कठीन बा । कई बार लगातार रह रह के कुछ दिन अभ्यास कईला पर ई साधना केहू भी साध सकेला । जदि लट्टू जमीन पर गूंज के सहारे ना गिर के ठक से गिरेला त ओके भाठा कहल जाला । जी , क्रिकेट खानि थोड़े थोड़े टेक्नीकल शब्द भी बाड़ी सन एह टोला मोहला के  गरीब गुरुबा लईकन के खेल में ।
लट्टू के नाचे के कला के ऊपर ही मुरुगा मुरुगी नाम धईल बा । जइसे कि नर आ मादा भईल कवनो बेकति के बस के बात नइखे , ई दईब द्वारा ही निर्धारित होला । अवुसहीं लट्टू के मुरुगा मुरुगी भईल लट्टू के बनावट में लोहा के गूंज के ठोकाइ पर निर्भर होला । एक बार फिक्स हो गईला पर ई चरितर स्थायि हो जाला ।
मुरुगा लट्टू वेग से नाचत नाचत आपन जगह बदलत रहेला । नाच खतम भईला के बादो फुर्ती से आपन गति से दूर ले फुरफुरा के भागेला । मुरुगी लट्टू के नाच थोड़ही दूर में होला आ नाच खत्म भईला के बाद ओहि स्थान पर फदफदा के रुक जाले । माने ओहिजिये अण्डा पार देले । मुरुगी लट्टू के इहे चाल गोलघरा खेल में ओकरा के ढेर पदावेला । गोलघरा खेल में नाचला के बाद लट्टू के गोल घेरा से बहरी निकले के परेला । अंडा पारला के कारण ऊ धरा जाले आ चोर बने के परेला ।

#गोलघरा_खेल : मुरुगा लट्टू के जरूरत गोलघरा खेल में ढेर होला । एह में धरती पर एगो गोल घेरा लत्ति के लम्बाई के हिसाब से बना देहल जाला । गोल घेरा के बाहिरहीं से घेरा में लट्टू नचावे के नियम ह । 4 - 8 लईका एह खेल में शामिल हो सकेले । सबसे पहिले एक आदमी के चोर बनावल भा चुनल  जाला जेकर लट्टू बीच गोलघर में धराला । एह से खेल शुरू के पहिले सब लट्टूबाज एक साथे लत्ति लपेट के लट्टू नचावे के कोशिश करेले । फेर नाचत लट्टू में डोरी फंसा के ऊपर खींच के हवा में लट्टू के लोके के कोशिश करेले । एकरा के चोखा कहल जाला । जे सबसे पहिले लोकेला भा कैच करेला ऊ लोकते के साथ मुहँ से चोखा शब्द बोलेला जेमे जे सभे ई सुन लेव । माने सबसे पहिले ऊ पुंग गईल । जे सबसे अंत में चोखा लेला , माने पुंगेला ऊ चोर धराला । अब ओकर लट्टू गोलघेरा में धरा जाई आ अउर सब लट्टूबाज ओकर लट्टू के आपन लट्टू के गूंज से नचावत बेधे के कोशिश करेले । लोहा के गूंज के वार से कई बार लकड़ी के पातर चुन्नी भी ओदर जाला । जदि एह क्रम में केहू के लट्टू ओहि गोल घेरा के बीचे ही नाचे लागेला त ऊ गोइयाँ ई इंतज़ार करेला कि नाचला के बाद ओकर लट्टू ओह घेरा से फुरफुरा के बाहरी आ जाव । अगर ओहि घेरा में रह गईल त उहो चोर धरा जाला । फेर ओह लट्टू पर भी घेरा के बाहरी से लट्टू नचावत दोसर गोइयाँ गूंज से प्रहार करे के कोशिश करेले । अउर जदि लट्टू से वार करत समय ठोकर से सब लट्टू बहरी आ गईल त पुंगे के क्रिया दनादन तेजी से शुरू हो जाला । फेर सबसे अंत में पुंगे वाला गोइयाँ चोर बनेला । ए तरे ई खेल आपसी सहमति से आपसी सहमति तक चलत रहेला ।

#टेक्नीकल_शब्द : गूंज , लत्ति , भाठा , मुरुगा , मुरुगी , चोखा आदि । अच्छा खेलाड़ी के योग्यता में बा आधा लत्ति लपेट के भी लट्टू नचा के जल्दी से लोके भा चोखा लेबे के छमता ।

फोटो : राइड फॉर जेंडर फ्रीडम के साइकिल से भारत भ्रमण पर निकलल राकेश कुमार सिंह आ हम । स्थान : लोकनायक जय प्रकाश नारायण के गाँव सिताबदियारा । फोटोकार : usha titikchhu , काठमांडू से भ्रमण पर आईल फोटो पत्रकार ।
समय : दिसंबर , 2015 ।

साभार :-

- P Raj Singh