Wednesday, 11 October 2017

लोकनायक जयप्रकाश नारायण

हसत मुस्कात चेहरा ,बोली मे जेकर मिठास हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

जन्मदिन प हाथ जोड़ के बंदन हम करत बानी
रउवा नियन नेता के अभिनंदन हम करत बानी
ई दिनांक 11 अक्टूबर , हमनी  खाती खास हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

अन्याय  के  खिलाफ  हमेशा  जेकर  समर रहे
सारण  जिला  के  लाल  नाम तोहार अमर रहे
आजादी से लेके ,सम्पूर्ण  क्रांति के इतिहास हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

गांव जवार भा देश बिदेश गाथा तोहार गावेला
केहु लोकनायक केहु जे.पी. कहीके बोलावेला
चमकेला तेज़ राउर ,जइसे सुरुज के प्रकाश हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

मैग्सेसे अवार्ड ,भारत रत्न ,चार चाँद लगावेला
अइसन रावा कके गइनी की लोग ना भुलायेला
आज रउवे जइसन नेता के भारत के तलाश हवे
सिताब दियर के माटी,नाम जेके जयप्रकाश हवे

- मिथिलेश मैकश

No comments:

Post a Comment