#भोजपुरी_आपन_माई_हियऽ
__________________________________
मान करऽ ,सम्मान करऽ
बोले में स्वाभिमान करऽ
आपन देश आपन माटी के परछाई हियऽ
अमृत गंगाजल हिरदया जइसे गाई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
भोजपुरी भाषा,संस्कृति, एगो इतिहास हियऽ
आगी के लिट्टी चोखा के, सोन्ह मिठास हियऽ
समरीध फलल फूलल,भाषा बड़ी महीन हियऽ
जेही सुनेला कहेला,हिन्दी के छोट बहिन हियऽ
मिठ बोली लागे जइसे कि मिठाई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
हमार करम धरम , कुल्ही पहचान हियऽ
बाबू के चिंहासी , माई के निशान हियऽ
कइसे भुलाई लड़ीकाई के संघाती हियऽ
हमार बाबा आजी के पोसल थाती हियऽ
चान के अँजोरिया, सुरुज के ललाई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
भोजपुरी आपन माई हियऽ
© मिथिलेश मैकश
#छपरा
No comments:
Post a Comment