Friday, 26 January 2018

ललटेन के बतिहर

ललटेन के बतिहर

नाया नाया में
खूब तिरछिया के जरेला
एने ओने टेढ़िया जाला
फेर सोझ करे के पड़ेला
जइसे जइसे जरेला
तइसे तइसे घटेला
एक बीता से घट के
हो जाला कानी अंगूरी नियन
ललटेन के बतिहर

भुकभुकाइल पहचान हवे
गिर जाला जे तनिको
त भभक जाला दाढ़ा ले
पहिले हाथ से बुतावल जाला
ना माने त
फूंक दिहल जाला मुंह से
जबले तेल बा तबले खेल बा
आदमी का ह? बतावेला
ललटेन के बतिहर

- मिथिलेश मैकश

No comments:

Post a Comment