Friday, 26 January 2018

बिबेकानन

हमार आदर्श आ हमार प्रेरणा के सरोत स्वामी बिबेकानन के आजु जनमदिन हवे। जनमदिन प इंहा के हम दसो नोंह जोड़ी के प्रणाम करत बानी।
भिखारी बाबा के अमर #बाबूजी वाली गीतिया के धुन प बिबेकानन जी पे एगो गीत लिखनी ह। आपन सरधा परगट कइनी ह। रउवा लोगिन के सनेह दुलार के इंतिजार रही।

दुनु हाथे कर जोड़ी
ताकs तानी रउवे ओरी
खोजs तानी काहंवा
तु गइलs  हो बिबेकानन.......

भारत के नाम लेके
गइलs बिदेश जेके
देसवा के नाम ऊंचा
कइलs हो बिबेकानन
खोजs तानी काहंवा.......

आके आज हाल देखs
देसवा बेहाल देखs
ढ़रकता लोर केने
परइलs हो बिबेकानन
खोजs तानी काहंवा.....

कंठे जेकरा देव वाणी
रहलs बिदवान ज्ञानी
धरती के भाग जे तु
अइलs हो बिबेकानन
खोजs तानी काहंवा.....

गुरुजी के नाम जापी
लिहलs समाधी आपी
राम कृसन मिशनs
बढ़इलs हो बिबेकानन
खोजs तानी काहंवा.....

नामवा के चलती रही
जहिया ले धरती रही
लाखों में एकही तु
भइलs हो बिबेकानन
खोजs तानी काहंवा.....

- मिथिलेश मैकश
  छपरा

लिखीं भोजपुरी पढ़ीं भोजपुरी
   रउवा बढ़ब बढ़ी भोजपुरी

No comments:

Post a Comment