#कोहबर
********
कोहबर एगो रस्म रिवाज ह बियाह के बेरा के।
माने बियाह के अंतिम प्रोसेस। जवना के बादे राउर रामायण के सातों कांड सम्पूर्ण होला। कोहबर में दूल्हा (वर) के ओह समे एगो अद्भुत खुसी के अनुभव होला,जवन अनुभव कबो निल आर्मस्ट्रोंग के चाँद प चहुपला प भइल रहे। एगो फौजी के जवन कारगिल विजय प गर्व होला, ओसही एगो मर्द खाती कोहबर गर्व के बात होला। होखहु के चाही, काहे की कोहबर एतना एक्सेसिबल नइखे सभका खाती। इ कुंवार लोगन के पहुच से दूर बा। कोहबर नेटवर्क में ना होके स्टैंड अलोन होला।जहां तक हमरा याद बा लइकाइ में ढ़ेर बियाह देखले बानी, बाकी कोहबर आज ले नईखि देखले। खाली दोसरा के मुँह से पंचतंत्र के कहानी नियन सुनले बानी। 10 हाली पुछला पे तब जाके अगिला आदमी बड़ा रेघा रेघा के समझावेला।
कोहबर के कवनो फिलिम के कनक्लूजन नियन समझी। जहां हीरो आ हीरोइन के लोग एगो पर्दा प लियावेला। कोहबर , एगो घर होला, जहां हीरोइन के मए सहेली..चम्पा चमेली साथ में रहके राउर ऊपर से लिखल कहानी के गवाह बनेली जा। बुला, एगो दुगो भउजाइ भी रहेलि लो...जेकरा के स्पेशल बोलावल जाला। गीत गावे खाती आ हंसी मजाक करे खाती भी। पूरा फिलिम आ नाया नाया डायलाग चलत रहेला कोहबर के सिन में।
जेतना बनलका आ खचरवा रहे ल सन, कोहबर में गांधी जी के रोल प्ले करे ल स। ओकनी के बात में बुद्ध के आत्मा घुस जाला। ज्ञान के प्राप्ति हो जाला कोहबर नदी के तट।
तिलक चढ़ला के बाद लइका लो के मन के धधाइल आ अगराइल कोहबरे में जाके stop होला। पूर्ण विराम। निर्वाण की प्राप्ति।बिल्कुल शांत जइसे आजकल बाबा लो शांत बा। लइका लो नाया नाया हिन्दी आ भोजपुरी शायरी याद क के जाला लो। आजकल त खेसरीया के मार्केट धइले बा कोहबर में। ओकरे धुन प भउजाइ लो गीत गाव तारी लो। साँझे के भूखासल दूल्हा के पारन बुला कोहबरे में होला।
आजकल त स्मार्टफोन के जमाना बा। कोहबर में पहिले वाला रस नइखे रह गइल। भउजाई लो गीत गावे से जादा सेल्फ़ी घिचे में व्यस्त रहत बारी लो। कनिया के सहेली लो नया नया अपडेट करत बारी लो फेसबुक प...
#Mee_at_Kohbar_with_चंपवा_के_मरद...।
Hiii..friends..champwa ke marad is too smart...वगैरह वगैरह।
दूल्हा देखही में दुलहिन भीरी बा , बाकी उ बा ना। ओकर मन घबराईल बा कि ओकर इनबॉक्स जदि ओकर चंपवा देख लिहि त ओहि घड़ी ओह मुंह प चपल के जिरोक्स हो जाइ। बेचारा कोहबर के समे में मेहरारू से बतियाए के जगह, मेसेज ,व्हाट्सएप्प chat डिलीट करे में लागल बा। कोहबर अब फॉरमैलिटी हो गइल बा। कोहबर के कमरा हॉटस्पॉट के जोन हो गइल बा। सहेली लो wi fi connect करता दूल्हा के jio fi से। कोहबर अब analog ना डिजिटल हो गइल बा। गीत अब नइकी भउजाइ लो के याद नइखे।आखर के यूट्यूब चेंनेल से बजावत बारी लो। दूल्हा प्रीतम पाड़े के सेल्फ़ी स्टिक लेके आइल बा कोहबर में। एह कोना से ओह कोना पूरा धुर धुर नाप देले बा फोटो घिचे में। मुंह के दांत बन नइखे होत दिग्विजय सिंह नियन।
इ त कोहबर के A साइड रहल ह। एकर B साइड में अलगे गाना बा। जवन लइकी के आज ले आपन घर ,आपन लागत रहे, उहे कोहबर के घर, ओकर हंसी किलकारी के समेटते ओकरा खाती पराया के बोध होखे लागी। उ जान तिया की कुछे देर में भोर होखे वाला बा आ ओकर घर के नाम अब बदल कर नईहर के संज्ञा ले ली। कोहबर, में ओकर संघ के सहेली सभे कुछे देर में ओकरा से दूर हो जइह स। जवन भउजाइ पहिले ओकरा तरफ से रहे, अब उहे भउजाइ लइका के तरफ से होखे आपन ननद से नया रिश्ता से मजाक करी। मिलन के शोरगुल में विरह के आवाज दब जाले। उ दु घण्टा में ,लइकी के मन में दु सौ सवाल घूमत रहेला। कोहबर में, समय के बदलत देखले बानी। रिश्ता के बदलत देखले बानी.........क्रमशः......बात आगे फेर लिखाई।
इ त मनोहर कहानी रहल ह अब हम रावा के असली फिलिम देखाये जा तानी। जवन एगो भोजपुरी शॉर्ट मूवी हिय आजेकर नाम हवे #कोहबर ।
इ शॉर्ट मूवी में बतौर अभिनेता Raju Upadhyay भाई काम कइले बानी। 5 फुट 8 इंच के कद काठी, लिलारी पे सुरुज नियन तेज, आँखन में कुछ करे के जुनून, RO वाटर नियन मन आ दिल के साफ राजू भाई के अभिनय के हम बड़का बेना हई। कोहबर सिनेमा जल्दिये रिलीज होखे वाला बा। हमरा पूरा बिस्वास बा कि , कोहबर फिलिम ,भोजपुरी के अस्लिलमुक्त बनावे में मिल के पथर साबित होइ।
हमरा ढ़ेर फिलिम देखे के सवख ना ह बाकी बढ़िया आ लिक से हट के फिलिम देखे के बेमारी ह। चाहे उ कवनो भाषा के सिलेमा हो।
एह साल 2017 के सबसे पहिलका सिलेमा ललका गुलाब रहे। ओकरा बाद दुसरका सिनेमा बाहुबली 2 देखनी। अब तिसरका कोहबर के इंतज़ार होता।
फिलिम खाती
बहुत बहुत शुभकामना। बहुत बहुत बधाई। राजू भाई लभ यू...
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment