मये संसार दुनिया ,ओकरा पास बा
देखऽ अदमी,फेर भी बड़ा उदास बा
पानी बा,दूध रोटी बा,बोल रे अदमी
अब तोरा,कवन चीज के पियास बा?
गरीब के लूट के , केहु का ले जाई ?
एगो छिपा बा , आ दुगो गिलास बा
अरथी के पीछे के भीड़, बता देबेला
के केकर , केतना एहिजा खास बा
मानऽ त ,आत्मा में ही परमात्मा बा
ना मानऽ त देह में बस,हाड़ मास बा
कहे के बस,देह में हवा बा,सांस बा
जो रे गुंग,तोरा से बढ़िया त लाश बा
जवना भाषा पऽ,केहु के नाज नईखे
आज ना त काल,ओकर बिनास बा
कमी बेसी, कहंवा नइखे हो मैकश ?
कहीं उनचास बा ,त कहीं पचास बा
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment