Friday, 18 August 2017

केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ

याचना नहीं अब रण होगा
       जीवन जय या की मरण होगा
                      -दिनकर साहब
*************(***)*(***)**********

  केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ
__________________________________

सीधा आदमी के पीछे लंगटा नियन पर जइबऽ
याचना नहीं अब रण होगा
       जीवन जय या की मरण होगा
                      -दिनकर साहब
*************(***)*(***)**********

  केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ
__________________________________

सीधा आदमी के पीछे लंगटा नियन पर जइबऽ
आ केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ?

मरद हव त मरदे ,कवनो मरद से नु फरिया ल
जवना के घरे मरद नइखे तु ओकरे घर जइबऽ?

लांगा से त गंगा जी भी डेराली , जानत बानी
त एकर मतलब की तुहुं लंगटई पे उतर जइबऽ?

आदमी हवऽ,आदमी लेखा रह,जादा उड़ मत
गरीब के आह लागी,दांत चियार के मर जइबऽ

पढ़ लिख के भी ,जात पात के बात कर तारऽ
हम बेमारी हई सन ,की छुअला प सड़ जइबऽ?

कवनो ठीक नइखे ,सीधा लो के सनकला के
आन्ही तूफान आई ,त पतई लेखा झड़ जइबऽ

रावण से लेके कंस ले ,केहु के राज ना रहल
तु कवन खेत के मुरइ हव,की ना उखर पइबऽ?

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

मरद हव त मरदे ,कवनो मरद से नु फरिया ल
जवना के घरे मरद नइखे तु ओकरे घर जइबऽ?

लांगा से त गंगा जी भी डेराली , जानत बानी
त एकर मतलब की तुहुं लंगटई पे उतर जइबऽ?

आदमी हवऽ,आदमी लेखा रह,जादा उड़ मत
गरीब के आह लागी,दांत चियार के मर जइबऽ

पढ़ लिख के भी ,जात पात के बात कर तारऽ
हम बेमारी हई सन ,की छुअला प सड़ जइबऽ?

कवनो ठीक नइखे ,सीधा लो के सनकला के
आन्ही तूफान आई ,त पतई लेखा झड़ जइबऽ

रावण से लेके कंस ले ,केहु के राज ना रहल
तु कवन खेत के मुरइ हव,की ना उखर पइबऽ?

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment