Tuesday, 15 August 2017

आज_पनरह_अगस्त_ह

#आज_पनरह_अगस्त_ह
****************************
एगो हमरो के झण्डा के उपाय कर लो
आज पनरह अगस्त ह
हमरो के एगो तिरंगा के फोटो भेज लो
आज के दिन झंडा फहरावल जाला
देशभक्ति देखावल जाला
बात बनावल जाला
आज पनरह अगस्त ह
पांच खल के देसभक्ति गीत चाही
हउ वंदे मातरम् वाला संगीत चाही
गरीब लइकन के लियावल जाव
साथे सेल्फ़ी तनि खिचावल जाव
फेसबुक प आज कविता लिखे द
साचा देशभक्ति का होला सीखे द
हम अभी ले जय हिन्द ना लिखनी
लोग हमरा के जिये दि की ना ?
देशभक्ति देखाई कइसे
हमरा बुझात नइखे
काहे की हम एकर क्लास नइखी कइले
ढ़ेर लोग देशभक्ति के स्कूल खोलले बा
केतना लोग ऑनलाइन डिग्री देता
देश में ढेर युनुभरसिटी बा एकर

मन हमरो फफाता दोसरा के देख देख
तिरंगा के साथे सेल्फ़ी
स्कूल के साथे सेल्फ़ी
भारत माता के साथे सेल्फ़ी
हम का करी ?
आपन मन के देशभक्ति कइसे देखाई?
एकहु देशभक्ति गीत याद नइखे पंकज भाई
आ अभिसेक एकहु फोटो बनवले
नइखन हमार तिरंगा के साथे
केहु tag क देबे हमरो के देशभक्ति के साथ
आज सभे आजाद बा।
TV प देखत बानि कइसे भाषण दियाता
कइसे झण्डा के आज इजत दियाता
कश्मीर में भी बुला झण्डा फहरावल गइल ह
एगो दुगो मदरसो के भी फोटो आइल ह
केहु पानी में खारा होखे तिरंगा फहरवले ह
त केहु छाती प ।
अलग अलग लोग बा
अलग अलग बिचार बा
आज पनरह अगस्त ह।

घर के लोग कहलसा की नेहाले बाबू
आज पनरह अगस्त ह
जो एगो झण्डा किन के लेले आव
आज पनरह अगस्त ह
धर हइ 50 गो रोपिया ले ले ,घूम आव
आज पनरह अगस्त ह
जा तानी हमहु परेड देखे
आज पनरह अगस्त ह।

पनरह अगस्त से याद आइल ह
फौजी लो के कइसन पनरह अगस्त होला ?
उनुका लो के त इ रोजे के काम होइ
घर से दूर..बरफ में..जम्मू में
नेता लो के भाषण सुननी ह
करेजा जुड़ा गइल ह
साच देशभक्ति उनिके लो के आवेला
उजर कपड़ा पाएट, करिया बंडी
गांधी जी के टोपी
चार पाना के लिखल भाषण।
हमार गांव के लोग बुरबक ह
तिरंगा लेके फोटो नइखे घिचावत
आ ना देशभक्ति गीत बजावता
भोरहि से खेत में काम करता
केहु घास काटता
की असो के फसल आछा होखे
लोग के मतलब नइखे की
आखिर पनरह अगस्त ह का ?
ओसे का हमार पेट भरे वाला बा ?
नेता के भाषण सुनला से हमार घर चले वाला बा ?
मोदिया हमरा खाये के दी का ?
नितिशवा हमार पलानि छवा दी का ?
ललुआ हमार पैखाना बनवा दी का?
ढेर सवाल लोग पूछता...आ
हमरा भीरी जवाब नइखे
आजो..71 साल के बाद भी
आज पनरह अगस्त ह।

    #रउवा लोगन के पनरह अगस्त के भरपेट बधाई। खूब झण्डा फहराइ। खूब देशभक्ति गीत बजाई। जय हो

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment