Tuesday, 29 August 2017

#RIGHT_TO_BATTERY _ बैट्री और हमारा जीवन

#RIGHT_TO_BATTERY_(#RTB)
********************************
आज के समे में जेतना आदमी पर्स में पइसा चेक कर के बहरी ना निकले ओसे जादा स्मार्टफोन के बैटरी चेक कर के निकलेला।
बिलाई के रास्ता कटला से जेतना डर नइखे ओसे बेसी मुस से चार्जर कटे के डर रहता मन में। low BP से भले आदमी चक्कर खा के ना गिरे बाकी चार्जर छूट गइला से अदिमि के चक्कर आवे लागेला।
जइसे जइसे एंड्रॉएड मोबाइल के बैटरी 70 पर्सेंट से कम होखे लागे ओकर मार्केट भेलु हाई हो जाला। जदि कवनो अदिमि ट्रेन में यात्रा करत होखे आ ओकर बैटरी 65 पर्सेंट हो जाइ त ओकरा सांस लेबे में तकलीफ होखे लागी। अब उ लागी खिड़की के कोना सटे ,की चार्जिग पॉइंट के हवा मिले। आपन कंफर्म सीट से कगरीयाये लागी ,जहां ओकरा चार्जिग पॉइंट कंफर्म मिलत होखो।
बैटरी के लेवेल 50 पर्सेंट होते ही सब HD वीडियो देखल लागी बन करे जइसे कि बैटरी का खतम भइल जिनगी खतम हो गइल। 40 पर्सेंट बैटरी होते ही ओकर कपारबथी चालू हो जाला। लागेला कपार नोचे ,कि कहवाँ कपार लड़ा ली जा के चार्जर से। 30 पर्सेंट होते ही ओकर देह काटे लागी, बरसाती पानी नियन। खाना रहते जवन आदमी भुखासे रह जाये भा खाना त्याग देबे। ओकरा से बड़ योगी के बा एह दुनिया में। 20 पर्सेंट होते ही स्क्रीन के ब्राइटनेस बन कर के ,इच्छा के अन्हार क देबेला अदिमि। 15 पर्सेंट होते ही मोबाइल सूचित करे लागेला की बाबू हो, हमरा के ऑक्सीजन द ना त हमार प्राण निकलही वाला बा। हालात के मारल अदिमि अब का करे, निहोरा करे लागेला।चार्जर आ चार्जिग पॉइंट के भीख मांगे लागेला। ओह समे जदि कवनो पुण्य आ जज्ञ के काम बा त उ बा केहु के चार्जर आ मोबाइल चार्ज करे के मौका दे दी। हम दावा के साथ कह सकत बानी , उ अदिमि राहता भर राउर गुण गावत चली। आ जदि रउवा भीरी पावर बैंक भा बैटरी बैंक होखे त फेर समझ ली, रावा भगवान बानी ।रावा आगे पीछे भक्त लो के लाइन लागल होखी। जवन अदिमि स्टेशन के बहरी से पानी भरके पियत होइ, उहो र उवा के रेलनीर RO वाटर पीआई।

साच कहीं त स्लीपर में चार्जिग पॉइंट सही आ समे से खाली मिल जाये त जान लिहि कि राउर किस्मत परमानेंट मार्कर से लिखा गइल बा। राउर गरह दिशा सही चलता आ राउर किस्मत में बर्गर ना ,लिट्टी चोखा लिखल बा , उहो आगी प के, आधा किलो घिव में डुबावल।
मोबाइल के बैटरी आ हुसियार अदिमि पे ढ़ेर भरोस ना कइनी।कब डाउन होखे राउर लुटिया डूबा देबे , इ बात नारद मुनि भी नइखन जानत।
एंड्रॉइड मोबाइल के बैटरी आ सुंदरता दुनु में एक चीज समान बा। जबले सुंदरता बा लोग रउआ के पुछि आ जबले बैटरी बा मोबाइल के रउआ पुछम। दुनु के खतम होते ही लागेला कि जिनगी में कुछ नइखे, जदि जिनगी में कुछ बा त उ खाली एंड्रॉयड मोबाइल बा

जबले मोबाइल में बैटरी फुल बा त हर चीज ब्यूटीफुल बा। सफर भा घर में जदि केहु खाली बइठल बा छुछे हाथे, त समझ लिही की या त बैटरी डाउन हो गइल बा ना त जिओ के नेट पैक खतम हो गइल बा।काड़ी हमेसा मोबाइल के मुंह में लागले रहता चवबिस घण्टा।

बैटरी कि कीमत तुम क्या जानो पंकज बाबू,
एक सुहागन के जैसे सुहाग होती है बैटरी
एक विद्यार्थी की जैसे किताब होती है बैटरी
पता नहीं कौन इसको तेज़ाब कहता है
महसूस कर के देखो तो गुलाब होती है बैटरी।

हमें तो बैटरी ने लूटा
मोबाइल में कहाँ दम था
मेरा चार्जर तब चोरी हुआ
जब बैटरी 10% से कम था।

आज के दौर में त 1500 mAH के बैटरी के कवनो भेलु ही नइखे। एकनियो के कैटेगरी आ गइल बा जातिवाद नियन।
2000 mAH (SC)
2500 mAH (ST)
3000 mAH (OBC)
4000 mAH (Gen)
    #नोट : 1000 mAH वाली बैटरी -#दिव्यांग_बैटरी।

कबो कबो सोचिला कि जमाना एतना आगे बढ़ गइल , मोबाइल भी एतना स्मार्ट हो गइली स। त बैटरी काहे ना स्मार्ट भइल? 10000 mAH के बैटरी काहे नइखे आवत कोरिया के ताना शहवा नियन। बैटरी मनमोहन काहे भइल जाता? आखिर का बात बा कि बैटरी दिन प दिन कांग्रेस भइल जाता। बैटरी BJP काहे नइखे होत?
बैटरी , चुनाव के मुद्दा काहे नइखे होत? नेता काहे नइखन स कहत कि अबकी जितेम त तहरा लोगन के जिनगी mAH से भर देम कि फेर 5 साल के छूटी हो जाइ। कमल, पंजा, हाथी , साइकिल के अलावा बैटरी छाप चुनाव आयोग काहे ना चुनाव में प्रयोग करे। अब सोची जहां के नेता आ पढ़ल लिखल बुद्धिजीवी वर्ग बैटरी के बिषय पे मौन बारे , त उ देश में बैटरी चार्ज करे के केतना समस्या होइ?? सोचला प हमरा आज से 10 साल पहिले के दिन याद आवेला जब मोबाइल के एक हाली चार्ज करे खाती, 5 रोपिया देत रही।

दिल्ली में रोड के नाम बदल के अगर 2500 mAH मार्ग , 3000mAH मार्ग भा 10000mAH मार्ग रखा जाइत त केतना सुबिधा होइत। आदमी आपन आपन मोबाइल के बैटरी केपबेलेटी से उ मार्ग में जाइत। साचो क्रांति आ जाइ।

सोचीं, अगर बैटरी के खोज मुगल सम्राज्य में भइल रहित त आज बाबर के प्रथम वार के जगह,
पानीपत का प्रथम युद्ध : 1526 mAH के लिये
पानीपत का द्वितीय युद्ध : 1556 mAH के लिए
हल्दी घाटी का युद्ध : 1757 mAH के लिए

बैटरी के परिभाषा भी विषय के अनुसार अलग अलग पढ़े के मिलित।
जीवविज्ञान :एंड्रॉइड की बैटरी का डार्विनवाद  सिद्धान्त
रसायन : बैटरी के प्रमुख उत्प्रेरक
भूगोल : उपग्रह बैटरी की तरह सूर्य प्रकाश से चार्ज होते रहते हैं।
नागरिक : बैटरी एक सामाजिक प्राणी है। यह सभी जगह पाया जाता है
प्राचीन भारत : बैटरी सभ्यता की खोज किसने की ?
आधुनिक भारत : सबसे अंतिम बैटरी शासक का नाम क्या था??
पॉलिटी  :
RTI के जगह RTB (Right To Battery) क्यों नहीं। RTB fundamentals Right क्यों नहीं है?
बैटरी को एक नई अनुसूची में जोड़ा जाये।
बैटरी को article 20&21 के तहत लाया जाये। बैटरी के mAH को संसोधित किया जाये।

जइसे आधार कार्ड बनता ओहिसइ बैटरी कार्ड काहे नइखे बनत? एकरो के कम्पलसरी करावल जाव कि सभे के पास बढ़िया mAH वाला  बैटरी कार्ड होखे जेसे ओकरा चार्ज के दिकत ना होखे।
प्रधानमन्त्री सम्पूर्ण mAH बैटरी योजना चालू की जाये । प्रधानमन्त्री बैटरी सुरक्षा योजना...जैसे सभका साथ सबका विकास होखे। मै देस नहीं झुकने दूंगा के जगह मै बैटरी खतम होने नहीं दूंगा। नारा बदले के चाही अब।
56 इंच ना अब 5600mAH के बैटरी के जरूरत बा।

                   #अबकी_बार #बैटरी_बरियार

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

Friday, 25 August 2017

जिनिगी ई मेला ह _माटी के ढ़ेला ह

जिनिगी ई  मेला ह
माटी  के   ढ़ेला  ह

खेलत रहऽ हरदम
इहो एगो  खेला ह

दुख सुख से भरल
तामझाम झमेला ह

सभकर ई  गुरु हटे
चलती के चेला  ह

दुनिया के  भीड़ में
चपाइल अकेला ह

घिचता बोझ खाली
अदमी ना ,ठेला  ह

Friday, 18 August 2017

नोह दांत बढ़ावला से केहु शेर ना लागेला

बालु पे  कबहु  आम के फेर ना लागेला
गिरगिट  के  रंग  बदलत  देर ना लागेला
असली चीज त  असलिये  होला  मैकश
नोह दांत बढ़ावला से केहु शेर ना लागेला
 

केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ

याचना नहीं अब रण होगा
       जीवन जय या की मरण होगा
                      -दिनकर साहब
*************(***)*(***)**********

  केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ
__________________________________

सीधा आदमी के पीछे लंगटा नियन पर जइबऽ
याचना नहीं अब रण होगा
       जीवन जय या की मरण होगा
                      -दिनकर साहब
*************(***)*(***)**********

  केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ
__________________________________

सीधा आदमी के पीछे लंगटा नियन पर जइबऽ
आ केहु ना बोले त ओकरा मुड़ी प चढ़ जइबऽ?

मरद हव त मरदे ,कवनो मरद से नु फरिया ल
जवना के घरे मरद नइखे तु ओकरे घर जइबऽ?

लांगा से त गंगा जी भी डेराली , जानत बानी
त एकर मतलब की तुहुं लंगटई पे उतर जइबऽ?

आदमी हवऽ,आदमी लेखा रह,जादा उड़ मत
गरीब के आह लागी,दांत चियार के मर जइबऽ

पढ़ लिख के भी ,जात पात के बात कर तारऽ
हम बेमारी हई सन ,की छुअला प सड़ जइबऽ?

कवनो ठीक नइखे ,सीधा लो के सनकला के
आन्ही तूफान आई ,त पतई लेखा झड़ जइबऽ

रावण से लेके कंस ले ,केहु के राज ना रहल
तु कवन खेत के मुरइ हव,की ना उखर पइबऽ?

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

मरद हव त मरदे ,कवनो मरद से नु फरिया ल
जवना के घरे मरद नइखे तु ओकरे घर जइबऽ?

लांगा से त गंगा जी भी डेराली , जानत बानी
त एकर मतलब की तुहुं लंगटई पे उतर जइबऽ?

आदमी हवऽ,आदमी लेखा रह,जादा उड़ मत
गरीब के आह लागी,दांत चियार के मर जइबऽ

पढ़ लिख के भी ,जात पात के बात कर तारऽ
हम बेमारी हई सन ,की छुअला प सड़ जइबऽ?

कवनो ठीक नइखे ,सीधा लो के सनकला के
आन्ही तूफान आई ,त पतई लेखा झड़ जइबऽ

रावण से लेके कंस ले ,केहु के राज ना रहल
तु कवन खेत के मुरइ हव,की ना उखर पइबऽ?

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

Tuesday, 15 August 2017

आज_पनरह_अगस्त_ह

#आज_पनरह_अगस्त_ह
****************************
एगो हमरो के झण्डा के उपाय कर लो
आज पनरह अगस्त ह
हमरो के एगो तिरंगा के फोटो भेज लो
आज के दिन झंडा फहरावल जाला
देशभक्ति देखावल जाला
बात बनावल जाला
आज पनरह अगस्त ह
पांच खल के देसभक्ति गीत चाही
हउ वंदे मातरम् वाला संगीत चाही
गरीब लइकन के लियावल जाव
साथे सेल्फ़ी तनि खिचावल जाव
फेसबुक प आज कविता लिखे द
साचा देशभक्ति का होला सीखे द
हम अभी ले जय हिन्द ना लिखनी
लोग हमरा के जिये दि की ना ?
देशभक्ति देखाई कइसे
हमरा बुझात नइखे
काहे की हम एकर क्लास नइखी कइले
ढ़ेर लोग देशभक्ति के स्कूल खोलले बा
केतना लोग ऑनलाइन डिग्री देता
देश में ढेर युनुभरसिटी बा एकर

मन हमरो फफाता दोसरा के देख देख
तिरंगा के साथे सेल्फ़ी
स्कूल के साथे सेल्फ़ी
भारत माता के साथे सेल्फ़ी
हम का करी ?
आपन मन के देशभक्ति कइसे देखाई?
एकहु देशभक्ति गीत याद नइखे पंकज भाई
आ अभिसेक एकहु फोटो बनवले
नइखन हमार तिरंगा के साथे
केहु tag क देबे हमरो के देशभक्ति के साथ
आज सभे आजाद बा।
TV प देखत बानि कइसे भाषण दियाता
कइसे झण्डा के आज इजत दियाता
कश्मीर में भी बुला झण्डा फहरावल गइल ह
एगो दुगो मदरसो के भी फोटो आइल ह
केहु पानी में खारा होखे तिरंगा फहरवले ह
त केहु छाती प ।
अलग अलग लोग बा
अलग अलग बिचार बा
आज पनरह अगस्त ह।

घर के लोग कहलसा की नेहाले बाबू
आज पनरह अगस्त ह
जो एगो झण्डा किन के लेले आव
आज पनरह अगस्त ह
धर हइ 50 गो रोपिया ले ले ,घूम आव
आज पनरह अगस्त ह
जा तानी हमहु परेड देखे
आज पनरह अगस्त ह।

पनरह अगस्त से याद आइल ह
फौजी लो के कइसन पनरह अगस्त होला ?
उनुका लो के त इ रोजे के काम होइ
घर से दूर..बरफ में..जम्मू में
नेता लो के भाषण सुननी ह
करेजा जुड़ा गइल ह
साच देशभक्ति उनिके लो के आवेला
उजर कपड़ा पाएट, करिया बंडी
गांधी जी के टोपी
चार पाना के लिखल भाषण।
हमार गांव के लोग बुरबक ह
तिरंगा लेके फोटो नइखे घिचावत
आ ना देशभक्ति गीत बजावता
भोरहि से खेत में काम करता
केहु घास काटता
की असो के फसल आछा होखे
लोग के मतलब नइखे की
आखिर पनरह अगस्त ह का ?
ओसे का हमार पेट भरे वाला बा ?
नेता के भाषण सुनला से हमार घर चले वाला बा ?
मोदिया हमरा खाये के दी का ?
नितिशवा हमार पलानि छवा दी का ?
ललुआ हमार पैखाना बनवा दी का?
ढेर सवाल लोग पूछता...आ
हमरा भीरी जवाब नइखे
आजो..71 साल के बाद भी
आज पनरह अगस्त ह।

    #रउवा लोगन के पनरह अगस्त के भरपेट बधाई। खूब झण्डा फहराइ। खूब देशभक्ति गीत बजाई। जय हो

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

Tuesday, 8 August 2017

देखs अब इ दुनिया मे बुढ़ पुरनिया के अब केहु पूछत नईखे।

एगो लइका बा ,त उ दारूये मे
दुसरका उझराइल मेहरारूये मे
एगो पत्नी बारी
जे साथ बारी
पतोह अलगा कइलस
अकेले खात बारी
बेटी जबले रहत रहे
मान खयाल रखत रहे
अभियो जब ससुरा से आयेले
बिना भेट कइले ना जायेले
अपना सोझा अब
दोसर केहु
केहु के रुचत नइखे
देखs अब इ दुनिया मे
बुढ़ पुरनिया के
अब केहु पूछत नईखे।

मुरचा जइसे लाग जाला
जब लोहा के संग मे
अपने पिसाला लोग
अपने ही जंग मे
मिले ना आराम
अब त कवनो अलंग मे
एगो पोता बा
त उहो बा अलगे रंग मे
का रहे इतिहास
अब का हो गईल बा
कोना मे के खटिया
घर मे भार हो गईल बा
लड़िका जब सयान होता
त बाप माई के भेलुु
कबो बुझत नईखे
देखs अब इ दुनिया मे
बुढ़ पुरनिया के
अब केहु पूछत नईखे।

किशमिस छोहारा खियावल
सब बेकार भइल
कांहा पे लेके मेला घुमावल
सब बेकार भइल
मजूरी क के सबचिज लावल
सब  बेकार भइल
निपढ़ रहके बेटा के पढ़ावल
सब बेकार भइल
कुफुत के मारे घर मे
जियल जात नईखे
अपने जामल देखs
साथे अब खात नईखे
हंसी मज़ाक बचपना
लरिकाई के किलकारी
गली मे गुंजत नइखे
देखs अब इ दुनिया मे
बुढ़ पुरनिया के
अब केहु पूछत नईखे।

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

Sunday, 6 August 2017

दोस्ती के आँगन मे....कबो घाम ना होला

दोस्ती के आँगन मे....कबो घाम ना होला
बिन यार संघाती के...कुछु काम ना होला
जान तक दे देबेले...दोस्त..दोस्तन खाती
बाकी चरचा मे कही...कुछु नाम ना होला

अरे यारे संघाती त..अईसन चीज ह मरदे
जवना केे कीमत आ कवनो दाम ना होला
मिल जइहे जब दुगो..कही लंगोटिया यार
बिना गारा गारी भइले ...प्रणाम ना होला

जाहा मिल जइहे ....तहें उ सुरु हो जइहे
कबो पार्टी खाती..बिसेस पलान ना होला
का खरचा भइल..आ केतना गरदा उड़ल
पईसा हिसाब किताब के..ध्यान ना होला

चाहे दुख होखे....चाहे सुख होखे 'मैकश'
एगो दोस्त कबो दोस्त से परेसान ना होला 
एक भोरे से साँझ हो जाला..घूमत घूमत
तबो तबियत कबो केहु के बेराम ना होला

दोस्त बारे तबे हसत खेलत इ दुनिया बा
सच कही त बिना इनके आरान ना होला
कबो कृष्ण त कबो..सुदामा बनके अइले
के कहता की दोस्त....भगवान ना होला।

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

Saturday, 5 August 2017

देखऽ अदमी,फेर भी बड़ा उदास बा

मये संसार दुनिया ,ओकरा  पास बा
देखऽ अदमी,फेर भी बड़ा उदास बा

पानी बा,दूध रोटी बा,बोल रे अदमी
अब तोरा,कवन चीज के पियास बा?

गरीब के लूट के , केहु का ले जाई ?
एगो छिपा बा , आ  दुगो गिलास बा

अरथी के पीछे के भीड़, बता देबेला
के केकर , केतना  एहिजा  खास बा

मानऽ त ,आत्मा में ही परमात्मा बा
ना मानऽ त देह में बस,हाड़ मास बा

कहे के बस,देह में हवा बा,सांस बा
जो रे गुंग,तोरा से बढ़िया त लाश बा

जवना भाषा पऽ,केहु के नाज नईखे
आज ना त काल,ओकर बिनास बा

कमी बेसी, कहंवा नइखे हो मैकश ?
कहीं उनचास बा ,त कहीं पचास बा

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी