कुछ हवा तऽ बहल बाटे
देखऽ सभकुछ बदलल बाटे
बड़ी सुनसान लागऽता गांव
बुढ़ पुरनिया लो मरल बाटे
जे गरीबी देख के भागल
आज पइसा देख सटल बाटे
अइसे तु कबो आवेलऽ ना
आज फेर , का घटल बाटे ?
अलगा अलगा बनता खाना
घर केहुके फेर जरल बाटे
अदिमि अदिमि त जरऽ ताटे
खाली ,गाछ वृक्ष फरल बाटे
बड़ छोट के चिन्हत नइखे
लइका तहार इहे पढ़ल बाटे
बुद्धि तहार ना भइल मैकश
खाली देह हाथ बढ़ल बाटे
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
#ललका_गुलाब
#रिलीज_होता
#28_अप्रिल_2017_के
#यूट्यूब_आखर_प (सब्सक्राइब करी)
www.youtube.com/c/aakharbhojpuri
No comments:
Post a Comment