Sunday, 26 August 2018

बहिन के जे कामे ना आईल, उ राखी कवना काम के ?

सुख में सँघाती, दुःख में बईसाखी होली
धरती पे बहिन, पूरनिमा के राखी होली
बरखा आईल बह गइल,
उ माटी कवना काम के ?
बहिन के जे कामे ना आईल,
उ राखी कवना काम के ?

हनुमान हिरदया,बहिन के तियाग देखऽ
जियत घर में, गंगा जमुना परयाग देखऽ
ना राखल जे मुँह के पानी
उ लाठी कवना काम के ?
बहिन के जे कामे ना आईल,
उ राखी कवना काम के ?

- मिथिलेश मैकश
  छपरा

जियत रहस बहिन, जियत रहस भाई
रउवा सभे के राखी के, अनघा  बधाई

No comments:

Post a Comment