Thursday, 25 May 2017

#तहरा_का_मालूम ?

#तहरा_का_मालूम ?

रात के कइसे जागल जाला ,तहरा का मालूम ?
जिनगी कइसे जारल जाला ,तहरा का मालूम ?

तु त खाली घर में बइठ के, रोटी पकवले बारु
घाम में कइसे पाकल जाला तहरा का मालूम ?

लाठी गोली बन्दुख त ,कमजोर के निशानी ह
बात से कइसे मारल जाला ,तहरा का मालूम ?

जब सगरे अन्हार होखे , आन्ही तूफान होखे
त दिया कइसे बारल जाला,तहरा का मालूम ?

तु खाली कबूतर मुर्गी ,पोसाईल देखले बारऽ
साढ़ के कइसे नाथल जाला,तहरा का मालूम ?

आगे रहे में का दुख बा ,ई त अगीले जानऽता
चढ़ाके कइसे भागल जाला ,तहरा का मालूम ?

कागज के काट लेहल , बड़ी आसान ह बाबू
दुखवा कइसे काटल जाला,तहरा का मालूम ?

'मैकश' गरीब के जिनगी एगो नेमु के जइसन
रस ला कइसे गारल जाला , तहरा का मालूम

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment