#उ_दोगले_नु_होइ_जेकरा_आपन_बाप_चिंहाइल_ना
*****************************************
पारा बएल सरवन के त , कबो बलेजर भेटाइल ना
देह त बढ़ गइल बाकी , बोले के त बुद्धि आइल ना
पाएट सिआंइ कि जामा सिआंइ ,हरान बा ओसही
जइसे रूखी के कपड़ा मिलल त,धइले धराइल ना
भारत के हरला पे जे अपने देस में बम पराका फोरे
त उ दोगले नु होइ ,जेकरा आपन बाप चिंहाइल ना
जेकरा आपन इतिहास ,आ अपना प गर्व ना होखे
त उ चल जाव पकिस्तान,जेकरा इ बात बुझाइल ना
खेल जब खेल ना,युद्ध के मैदान बने लागल मैकश
त हमु दम भर गरीअइनी ,जब हमरा से रहाइल ना
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment