Wednesday, 3 May 2017

# कुछ_कइले_बिना_कुछ_होखे_वाला_बा ?

# कुछ_कइले_बिना_कुछ_होखे_वाला_बा ?
________________________________

बात  के  जोखला  से  कुछ  होखे वाला बा?
खायं खाएं खोखला से कुछ होखे वाला बा?

राजनीत  बड़ा  चमरचिट  चीज  हिय  भाई
नोंह  से  नोचला  से  कुछ  होखे  वाला बा?

जमाना  चना , खेसारी , अरहर दाल के बा
झूठे  हई  बोकला  से  कुछ होखे वाला बा?

गुंग  बिया  ई  जनता,आ  गुंग बा ई समाज
गोइठा में घी घोसला से कुछ होखे वाला बा?

सेना के जवान ठीक से खाइ, तबे भीड़ पाई
खलिहा पीठ ठोकला से कुछ होखे वाला बा?

चुनाव  भइल  सभ  नेता  अपना घरे गइले
अब  माटी ओलला से कुछ होखे वाला बा?

मुस  हव  की  मनुष्य  हव   बुझात  नईखे
कान  के खोदला  से कुछ  होखे वाला बा?

बेर बेर समझाव तानी जइब की ना जइब
खाली मुंह चोथला से कुछ होखे वाला बा?

क्रांति   हमेशा   बलिदान  मांगेले  "मैकश"
बस मुंह से बोलला से कुछ होखे वाला बा?

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment