#मोहब्बत_समझ_में_ना_आये_त_अच्छा_बा
_________________________________
बात केहु ना समझाये त अच्छा बा
बस दारू केहु पिआये त अच्छा बा
जेमे जिये के तनिको चाहत नइखे
उ जिनिगीये चल जाये त अच्छा बा
ई नशा नेटी से नीचे उतरत नइखे
तनि करेजा के जराये त अच्छा बा
अपना लोग के दरद एतना बा कि
अब केहु और सताये त अच्छा बा
एह दिमाग से त निकाल देहम
दिल से निकल जाये त अच्छा बा
प्यार , इश्क ,मोहब्बत, केहुओ के
समझ में नाही आये त अच्छा बा
कुंवार ठीक ह कि बिआहल ठीक?
बढ़िया से केहु बताये त अच्छा बा
#मिथिलेश_मैकश
#छपरा
#लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
#रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी
No comments:
Post a Comment