आज सभे लोग के कहल कर~ , त अच्छा बा ?
लोग त चाही कि तू गढ़हा मे गिर~ ,त अच्छा बा ?
इंटरनेटिया लइका बड़ा हुशियार बनत बा लो
पाकल केश 💇 के भी बुझस~ लो त अच्छा बा
करके खुद गलती सिख~ब त जिनगी खराब होई
दोसरे के गलती से सीख ल बबुआ त अच्छा बा
ई जिनिगिया सभे से ,हर दिन इंतिहान लेबेले
समस्या के हर पहलू पर सोच~ब तबे अच्छा बा
सकल सूरत त ऐ भाई ,समय के साथ बदले-ला
सूरत से जादा सीरत¹ प धियान रख त अच्छा बा
(सीरत=चरित्र)
No comments:
Post a Comment