Saturday, 25 March 2017

श्रद्धांजलि_ई_समर्पित_बा

आज शहीद दिवस ह। भगत सिंह जी , राजगुरु जी , सुखदेव जी के बलिदान के कीमत केहु चुका नइखे सकत।
देश के आजादी में जवन योगदान देले बारे लो ओकर गाथा पूरा दुनिया जानेले।
हमरा भीरी शब्द नइखे जे से कि इंकरा लो के ओह शब्द से अलंकृत कर सकी...
कोटि कोटि प्रणाम बा...लोर भरल श्रधांजलि बा...आज भी दिल में उनकर नाम धरकेला।
जय हिन्द ..जय भारत..जय भोजपुरी
__________   __________  ____________  ______

#देश_के_उन_वीर_जवानन_के
#श्रद्धांजलि_ई_समर्पित_बा।

हँस हँस के खा लिहले जे
गोली  के अपना छाती पs
बाकी , दाग  ना लागे देले
जे देश के अपना माटी पs
जिनकर शौर्य गाथा पढ़के
आज मन हमार पुल्कित बा
देश के उन वीर जवानन के
श्रद्धांजलि ई  समर्पित बा।

बढ़त गइल जिनकर कदम
देश हित में जे शहीद भइल
ओह साल  केतनन के घर
ना दिवाली ना ही ईद भइल
23 मार्च उन्नीस सौ इकतीस
स्वर्ण अक्षरों से अंकित बा
देश के उन वीर जवानन के
श्रद्धांजलि ई  समर्पित बा।

#मिथिलेश_मैकश
#छपरा

      #लिखीं_भोजपुरी_पढ़ीं_भोजपुरी
                 #रउवा_बढ़ब_बढ़ी_भोजपुरी

No comments:

Post a Comment