#जिउतिया
----------------------------------
माई छठ भुखेले
दशहरो भुखेले
जिउतियो भुखेले
सुको भुखेले
प्रदोष भुखेले.....
पता ना का का भुखेले
केकरा खाती भुखेले ?
माई आज ले
अपना खाती ना भूखलस
कबो लईका खाती
कबो परिवार खाती
खाली दोसरा खाती
माई भुखेले, काहे कि
ओकर भुखले में प्रेम बा
भूखले में सुख बा, संसार बा
त्यागे में ओकर जिनिगी बा
दोसरे में ओकर आपन बा
आज जिउतिये ना
ओकर जिनगी ह आज
हर बेटा के दिन ह
ओकरा माई खाती
हर माई के दिन ह
ओकरा बेटा खाती
बनल रहस बेटा आ बनल रहस माई
दुनु हाथ जोड़ी के जिउतिया के बधाई
- मिथिलेश मैकश
छपरा
No comments:
Post a Comment